Azharuddin: अजहरुद्दीन के ED के समन, मनी लॉन्ड्रिंग मामला में पूछताछ 

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 3, 2024

भारतीय कप्तान रहल आ दिग्गज बल्लेबाज मोहम्मद अजहरुद्दीन के मनी लांड्रिंग के मामला में ईडी बोलवले बा। उनका पs 20 करोड़ रुपया के धन के दुरुपयोग करे के आरोप बा। इ मामला हैदराबाद क्रिकेट एसोसिएशन

Share

भारतीय कप्तान रहल आ दिग्गज बल्लेबाज मोहम्मद अजहरुद्दीन के मनी लांड्रिंग के मामला में ईडी बोलवले बा। उनका पs 20 करोड़ रुपया के धन के दुरुपयोग करे के आरोप बा। इ मामला हैदराबाद क्रिकेट एसोसिएशन से जुड़ल बा। 61 साल के अजहरुद्दीन के आजे हैदराबाद के प्रवर्तन निदेशालय में पेश होखे के कहल गइल। हालांकि उऽ हाजिर ना भइले आ जानकारी के मुताबिक उऽ ईडी से समय मंगले बाड़े। ईडी फेर से समन जारी कऽ सकेला।

कांग्रेस के कवनो नेता के इ पहिला समन बा। अजहरुद्दीन हैदराबाद क्रिकेट एसोसिएशन के अध्यक्ष रहल बाड़े। उनका पs अपना कार्यकाल में फंड के दुरुपयोग के गंभीर आरोप लागल बा। इ मामला हैदराबाद के उप्पल में राजीव गांधी क्रिकेट स्टेडियम खाती डीजल जनरेटर, फायर फाइटिंग सिस्टम अउरी कैनोपी खरीदे खाती दिहल गइल 20 करोड़ रुपया के कथित दुरुपयोग से जुड़ल बा।  ईडी पिछला साल नवंबर में एह मामला के लेके तलाशी लेले रहे।  मनी लांड्रिंग के मामला तेलंगाना भ्रष्टाचार निरोधक ब्यूरो (एसीबी) के ओर से एचसीए के 20 करोड़ रुपया के फंड के कथित आपराधिक दुरुपयोग के तीन प्राथमिकी अउरी आरोप पत्र दाखिल कइला के बाद भइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.