आजम खान के तबीयत बिगड़ल, दिल्ली के सर गंगाराम अस्पताल में करावल गइल भरती, सांस लेवे में दिक्कत

By Anurag Ranjan

Published on: May 29, 2022

समाजवादी पार्टी के विधायक आ पूर्व मंत्री आजम खान के तबीयत बिगड़ गइल बा। उनका के दिल्ली के सर गंगाराम अस्पताल में भरती करावल गइल बा। अभी ले मिल रहल जानकारी के मोताबिक उनका सांस

Share

समाजवादी पार्टी के विधायक आ पूर्व मंत्री आजम खान के तबीयत बिगड़ गइल बा। उनका के दिल्ली के सर गंगाराम अस्पताल में भरती करावल गइल बा। अभी ले मिल रहल जानकारी के मोताबिक उनका सांस लेवे में तकलीफ बा। डॉक्टर लो कइयन गो जांचे करवले बा लो। डॉक्टरन के निगरानी इलाज चल रहा बा।

लमहर समय के बाद जेल से छूटल आजम खान के तबीयत सनिचर के देर रात खराब हो गइल। एकरा बाद उनका परिवार के सदस्य लो उनका के दिल्ली ले आवल लो। लमसम रात 3:00 बजे उनका के दिल्ली के सर गंगाराम हॉस्पिटल में भरती करावल गइल, जहां उनकर इलाज चल रहल बा। गंगाराम हॉस्पिटल में उनकर कइयन गो जांच कइल गइल। बतावल जा रहल बा कि आजम खान जेल से छूटला के बाद कइयन गो बेमारियन से जूझ रहल बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.