रामपुर। सपा के दिग्गज नेता आजम खान से पूछताछ करे खातिर लखनऊ से ईडी के टीम आज माने मंगलवार के सबेरे रामपुर जिला जेल पहुंचल बा। ईडी के टीम के गाड़ी जिला जेल पहुंचल आ ओहिजा से तीन गो अधिकारी जेल के भीतर गइल बाड़ें।
ईडी जौहर ट्रस्ट आ ओकरा से जुड़ल वित्तीय लेन-देन के जांच के तहत संबंधित कंपनियन, बैंक खाता आ ट्रस्ट के बीच भइल लेन-देन के ब्योरा जुटावतिया। एजेंसी ई पता लगावे के कोशिश करतिया कि डोनेशन के रकम कहवां से आइल आ एकरा के कवन-कवन माध्यम से जौहर यूनिवर्सिटी तक पहुंचावल गइल। एह खातिर ट्रस्ट से जुड़ल लोगन से पूछताछ क के ओह लोग के बयान आ उपलब्ध दस्तावेजन के मिलान कइल जा रहल बा।
सलीम से अब तक दू बेर पूछताछ हो चुकल बा
एह मामला में आजम खान के करीबी सलीम से अब तक दू बेर पूछताछ हो चुकल बा। तीसरका बेर सलीम के बोलावल गइल बा। सलीम आजम खान आ उनकरे बेटा अब्दुल्ला आजम के कामकाज देखत रहल बा। एजेंसी के जांच के दायरा में आजम खान के एगो अउरी करीबी अनवर के भूमिका बा। अनवर से 14 अक्टूबर के पूछताछ हो सकेला।
अब तक के जांच में का-का भइल
– 19 अगस्त: ईडी रामपुर, सहारनपुर आ दिल्ली में जौहर ट्रस्ट, जौहर यूनिवर्सिटी आ आजम खान से जुड़ल 10 गो ठिकानन पर छापेमारी कइलस। विश्वविद्यालय के निर्माण पर भइल खर्च, ट्रस्ट के मिलल चंदा आ वित्तीय लेन-देन से जुड़ल दस्तावेजन के जांच कइल गइल।
– 25 सितंबर: जौहर यूनिवर्सिटी के कुलपति प्रो. जहीरुद्दीन से करीब आठ घंटा तक पूछताछ कइल गइल। उनका से ट्रस्ट के मिलल चंदा, विश्वविद्यालय के निर्माण पर भइल खर्च आ संबंधित वित्तीय लेन-देन के बारे में सवाल पूछल गइल।
– 30 सितंबर: आजम खान के करीबी सलीम से पहिला बेर पूछताछ कइल गइल। ट्रस्ट आ विश्वविद्यालय से जुड़ल वित्तीय लेन-देन के संबंध में जानकारी मांगल गइल।
– पांच अक्टूबर: आजम खान के चार्टर्ड अकाउंटेंट दीपक गोयल से पूछताछ कइल गइल। ट्रस्ट के खाता आ विश्वविद्यालय के निर्माण पर खर्च भइल रकम से जुड़ल दस्तावेजन के जांच कइल गइल।
– छह अक्टूबर: सपा विधायक नसीर अहमद खान से करीब सात घंटा पूछताछ कइल गइल। उनका से जौहर ट्रस्ट में उनकर भूमिका, डोनेशन आ विश्वविद्यालय के निर्माण कार्य के बारे में सवाल पूछल गइल।
– आठ अक्टूबर: सलीम से दूसरा बेर करीब आठ घंटा पूछताछ भइल। एजेंसी ओकर बयान आ एस एंड ए फर्म से जुड़ल दस्तावेजन में सामने आइल तथ्यन के मिलान करत बिया।







No comments yet. Be the first to comment!