अयोध्या के राम मंदिर ट्रस्ट के अध्यक्ष महंत नृत्य गोपाल दास के तबीयत बिगड़ल

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 9, 2024

  अयोध्या : राम मंदिर ट्रस्ट के अध्यक्ष महंत नृत्य गोपाल दास के स्वास्थ्य बिगड़ गईल बा, जेकरा बाद उनुका के मेदांता में भर्ती करावल गईल बा। मिलल जानकारी के मुताबिक उनुकर हालत गंभीर बा.

Share

महंत नृत्य गोपाल दास के तबीयत बिगड़ल: फोटो

अयोध्या : राम मंदिर ट्रस्ट के अध्यक्ष महंत नृत्य गोपाल दास के स्वास्थ्य बिगड़ गईल बा, जेकरा बाद उनुका के मेदांता में भर्ती करावल गईल बा। मिलल जानकारी के मुताबिक उनुकर हालत गंभीर बा.

पुरा बात का बा?

मिलल जानकारी के मुताबिक महंत नृत्य गोपाल दास के शाम 6:30 बजे मेदांता में भर्ती करावल गईल। पेशाब के समस्या अवुरी खानपान के समस्या के चलते उनुका के भर्ती करावे के पड़ल। महंत नृत्य गोपाल दास के तबियत बिगड़ गईल रहे जब उs कृष्ण जन्माष्टमी के मौका पs मथुरा गईल रहले।

स्वास्थ्य बिगड़ला के बाद उनुका के ग्वालियर में देखावल गईल। बाकिर स्वास्थ्य में सुधार ना होखे के चलते काल्हु साँझ मेदांता में भर्ती करावल गइल. मेदांता अस्पताल मेडिकल बुलेटिन भी जारी कईले बा । एकरा से पहिले भी बेमार पड़ला के बाद राम मंदिर ट्रस्ट के अध्यक्ष महंत नृत्य गोपाल दास के मेदांता में इलाज करावल गईल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.