अयोध्या में ‘राजा राम’ के प्राण प्रतिष्ठा के अनुष्ठान शुरू, CM योगी उतरिहें आरती

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 5, 2025

लगभग डेढ़ साल पहिले 22 जनवरी 2024 के रामलला के मूर्ति के अभिषेक भइल रहे आ आजु 5 जून के राम दरबार के अभिषेक राम मंदिर के पहिला मंजिल पs हो रहल बा। राम दरबार

Share

लगभग डेढ़ साल पहिले 22 जनवरी 2024 के रामलला के मूर्ति के अभिषेक भइल रहे आ आजु 5 जून के राम दरबार के अभिषेक राम मंदिर के पहिला मंजिल पs हो रहल बा।

राम दरबार के प्राण प्रतिष्ठा आजु अयोध्या के राम मंदिर में होखे जा रहल बा। ई प्राण प्रतिष्ठा अभिजीत मुहूर्ता में सबेरे 11 बजे से दुपहरिया 12 बजे के बीच होई। प्राण प्रतिष्ठा आज राम मंदिर में राम दरबार समेत 7 मंदिर में होई। पूरा अयोध्या शहर सजा के आज के कार्यक्रम खातिर तैयार बा। अयोध्या के सड़क, गली अवुरी मंदिर के खास तौर पs सजावल गईल बा। भगवान राजा राम के राम दरबार के प्राणप्रतिष्ठा में भाग लेवे खातिर आज भी भारी संख्या में श्रद्धालु अयोध्या पहुंचल बाड़े। गंगा दशहरा के मौका पs होखेवाला एs प्राण प्रतिष्ठा समारोह में धार्मिक नेता के संगे यूपी के सीएम योगी भी भाग लिहे। खास बात ई बा कि आज सीएम योगी के भी जन्मदिन हs आ एह दिन अयोध्या के राम मंदिर में राम दरबार के प्राण प्रतिष्ठा हो रहल बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.