अयोध्या के विकास खातीर होई 10 हजार करोड़ से जादा के निवेश, एतना युवकन के मिली रोजगार

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 17, 2024

  रामलला के अभिषेक के बाद से अयोध्या दुनिया भर के पर्यटकन के आकर्षण के केंद्र बनल बा। हर वर्ग के लोग इहाँ निवेश कईल चाहतारे। एही बीच अयोध्या में 10,155 करोड़ से अधिका के

Share

 

रामलला के अभिषेक के बाद से अयोध्या दुनिया भर के पर्यटकन के आकर्षण के केंद्र बनल बा। हर वर्ग के लोग इहाँ निवेश कईल चाहतारे। एही बीच अयोध्या में 10,155 करोड़ से अधिका के निवेश होखे के खबर बा। एकरा अलावे रोजगार के अवसर भी खुल जाई। योगी सरकार 20 हजार से अधिका नवहियन के रोजगार देबे के राह खोल दिहलस। पर्यटन के क्षेत्र में 3129 करोड़ रुपिया के निवेश के प्रस्ताव आईल बा, जवना से 6400 से जादे युवा के रोजगार के अवसर मिली। रामनगरी में ‘’द हाउस ऑफ अभिनंदन लोढ़ा’ के ओर से तीन हजार करोड़ रुपिया के निवेश कईल जाई।

उल्लेखनीय बा कि अयोध्या में 19 से 21 फरवरी के बीच भूमि पूजन समारोह (जीबीसी 4.0) होखे वाला बा, जवना के माध्यम से योगी सरकार इहाँ के 20 हजार से जादा युवा के रोजगार पैदा करे के रास्ता खोल दिही।

सीएम योगी रामनगरी के विकास के एगो नया पहचान देले बाड़े, एहीसे इs निवेशक के अपना ओर खींचे में लागल बा। 19 फरवरी के होखे वाला जीबीसी में इहाँ 10155.79 करोड़ रुपिया से अधिका के निवेश के प्रस्ताव बा। पर्यटन के क्षेत्र में इहाँ 3129 करोड़ से अधिका के प्रस्ताव मिलल बा। इहाँ द हाउस ऑफ अभिनंदन लोढ़ा ग्रुप के ओर से अधिकतम 3000 करोड़ रुपिया के निवेश कईल जाता।

प्रस्तावित निवेश आ रोजगार सृजन 

अयोध्या में निवेश करे वाला टॉप 10 प्रोजेक्ट

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.