Australia: चीन के बढ़त आक्रामकता के बीच ऑस्ट्रेलिया जारी कइलस नया रक्षा नीति, भारत-जापान संबंधन पs देलस जोर

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 24, 2023

ऑस्ट्रेलिया सोमार के रक्षा सामरिक समीक्षा (डीएसआर) के सार्वजनिक संस्करण जारी कइले बा। एमे भारत आ जापान सहित क्षेत्र में अपना सहयोगियन आ प्रमुख शक्तियन के संगे मजबूत संबंधन के बनावे पs जोर दिहल गइल

Share

ऑस्ट्रेलिया सोमार के रक्षा सामरिक समीक्षा (डीएसआर) के सार्वजनिक संस्करण जारी कइले बा। एमे भारत आ जापान सहित क्षेत्र में अपना सहयोगियन आ प्रमुख शक्तियन के संगे मजबूत संबंधन के बनावे पs जोर दिहल गइल बा। समीक्षा में चीन के बढ़त आक्रामकता पs बात कइल गइल बा।

समीक्षा में विशेष रूप से हिंद महासागर क्षेत्र में रक्षा सहजोग कार्यक्रम के विकसित करे के आवश्यकता पs जोर दिहल गइल बा, जवन ऑस्ट्रेलिया खातिर महत्वपूर्ण बा। बता दिन, द्वितीय विश्व युद्ध के बाद से ऑस्ट्रेलिया भविष्य में अइसन युद्ध से आपन रक्षा करे खातिर हथियारन के घरेलू उत्पादन आ कूटनीति के प्राथमिकता देवे के योजना बना रहल बा।

ऑस्ट्रेलिया चीन के संगे जुड़े के प्रस्ताव के स्वीकार कs लेले बा। समीक्षा में कहल गइल बा कि ऑस्ट्रेलिया जेतना सहजोग कs सकत बा ओतना चीन के संगे रखी। संगही कहल गइल कि जदि दुनो देस एक दूसरा से सहमत नइखे होत तs कवनो मुद्दा पs तs बुद्धिमानी से हल निकालल जाई। संगही जहां सख्ती के जरूरत पड़ी उहां इहो देखावल जाई।

हालांकि, रक्षा सामरिक समीक्षा में चीन के सैन्य निर्माण आ ओकर रणनीतिक इरादन पs बढ़त चिंता पs अंजोरो डालल गइल बा। कहल गइल बा कि द्वितीय विश्व युद्ध के समाप्ति के बाद से चीन के सैन्य निर्माण दुनिया के सब देस से बड़ आ सबसे महत्वाकांक्षी बा। ऊ हथियार के क्षेत्र में सबसे जादा उपलब्धि प्राप्त कs लेले बा। अइसन में हथियारन के घरेलू उत्पादन पs धेयान देला के जरूरत बा।

ऑस्ट्रेलियाई प्रधानमंत्री एंथनी अल्बनीस कहेलें कि ई सुनिश्चित करे खातिर समीक्षा सुरू कइले बा कि ऑस्ट्रेलिया जादे सुरक्षित रहे। हमनी के ई डेग दर्शावत बा कि हम ऑस्ट्रेलियाई लोगन के सुरक्षित रखे खातिर केतना दृढ़ बा। ऊ कहलें कि आज हर सरकार के सबसे महत्वपूर्ण जिम्मेदारी राष्ट्रीय सुरक्षा बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.