आतिशी होइहें दिल्ली के नया मुख्यमंत्री, चुनल गइली विधायक दल के नेता

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 17, 2024

अरविंद केजरीवाल के बाद अब अतिशी दिल्ली के मुख्यमंत्री होईहे। उनका के विधायक दल के नेता चुनल गइल बा। आम आदमी पार्टी के तमाम विधायक अतिशी के नाम के समर्थन कइले बाड़े। अरविंद केजरीवाल दु

Share

Atishi Marlena

अरविंद केजरीवाल के बाद अब अतिशी दिल्ली के मुख्यमंत्री होईहे। उनका के विधायक दल के नेता चुनल गइल बा। आम आदमी पार्टी के तमाम विधायक अतिशी के नाम के समर्थन कइले बाड़े।

अरविंद केजरीवाल दु दिन पहिले इस्तीफा के पेशकश कइले रहले आ आज इस्तीफा दे दिहे। एकरा संगे अतिशी के दिल्ली के नयका मुख्यमंत्री बनावल जाई।

156 दिन जेल में रहला के बाद जब अरविंद केजरीवाल के जमानत पs रिहा भइल रहले तऽ उऽ इस्तीफा के घोषणा कइले रहले। एकरा बाद अटकलबाजी होखत रहे कि दिल्ली के मुख्यमंत्री के होई। अतिशी के संगे राघव चढ़ा के नामो पs चर्चा भइल। बाकिर अंत में अतिशी विधायी पार्टी के नेता चुनल गइली आ अब उऽ दिल्ली के मुख्यमंत्री होइहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.