[the_ad_group id="30365"]

AN32 Aircraft Crash : असम के जोरहाट में भारतीय वायुसेना के विमान AN-32 के क्रैश, लैंडिंग के दौरान भइल हादसा

Assam Jorhat Air Force AN-32 Plane Crash During Landing
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। भारतीय वायुसेना (IAF) के एगो AN-32 परिवहन विमान असम के जोरहाट एयरफोर्स स्टेशन पs दुर्घटनाग्रस्त हो गइल बा। भारतीय वायुसेना के ओर से दिहल जानकारी के मोताबिक, ई हादसा तब भइल जब AN-32 विमान जोरहाट एयरफील्ड पs उतरे के कोसिस करत रहे।

सुरुआती जानकारी के अनुसार, भारतीय वायुसेना के ई विमान एयरफोर्स स्टेशन परिसर के भीतरे क्रैश भइल। दुर्घटना के तुरंत बाद विमान में भयंकर आग लाग गइल। हादसा के जानकारी मिलतही आपातकालीन टीम के तुरंत घटनास्थल पs भेजल गइल, जहां ऊ लोग आग बुझावे आ इस्थिति के नियंत्रण में लेवे के कोसिस में जुटल बा।

फिलहाल विमान दुर्घटना के असली कारण के जानकारी सामने नइखे आइल। एह हादसा में केहू हताहत भइल बा कि ना भा केहू घायल भइल बा, एह बारे में अभी तक कवनो आधिकारिक जानकारी जारी नइखे भइल।

भारतीय वायुसेना (IAF) एह दुर्घटना के पुष्टि करत कहलस कि घटनास्थल पs इस्थिति के बारीकी से जांच कइल जा रहल बा। वायुसेना के तरफ से कहल गइल कि जइसे-जइसे नया जानकारी सामने आइल, ओह हिसाब से आगे के जानकारी साझा कइल जाई।

वायुसेना हादसा के कारण के पता लगावे खातिर आधिकारिक जांच सुरू कs देले बा। फिलहाल दुर्घटना से जुड़ल आउर जानकारी के इंतजार बा।

Read Also: USA vs Paraguay : अमेरिका पराग्वे के हरा के विश्व कप में जीत से सुरुआत कइलस, फोलारिन दगलें दूगो गोल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]