मोदी जी जहाज में घूमल छोड़ीं  …’, एक्स पऽ अरविंद केजरीवाल के पीएम पऽ तंज

By Shweta Supriya

Published on: Sep 22, 2025

नई दिल्ली। आज (22 सितंबर) से भारत में कई गो चीज सस्ता हो गइल बा। वस्तु आ सेवा कर माने जीएसटी (GST) में बदलाव होखला से एह वस्तुअन के दाम पऽ असर पड़ल बा। दरअसल,

Share

नई दिल्ली। आज (22 सितंबर) से भारत में कई गो चीज सस्ता हो गइल बा। वस्तु आ सेवा कर माने जीएसटी (GST) में बदलाव होखला से एह वस्तुअन के दाम पऽ असर पड़ल बा। दरअसल, अब भारत में जीएसटी के खाली दूगो स्लैब 5% आ 18% बचल बा, जबकि 12% आ 18% वाला स्लैब के हटा लिहल गइल। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी देशवासियन के स्वदेशी सामान किने के आह्वान कइलें। बाकिर एकरा के लेके पूर्व सीएम केजरीवाल पीएम मोदी पऽ निशाना सधलें।

केजरीवाल अपना एक्स (X) अकाउंट पऽ लिखलें कि प्रधानमंत्री जी, रउआ चाहेनी कि जनता स्वदेशी इस्तेमाल करे। केजरीवाल कहलें। रउआ खुद स्वदेशी इस्तेमाल कइल सुरू करीं? जवना बिदेसी जहाज से रोज घूमेनी, ओकरा के छोड़ दीं? सारा दिन जेतना बिदेसी समान इस्तेमाल करेनीं , ओकरा के छोड़ दीं।

आप भारत में काम कs रहल चार अमेरिकी कंपनियन के बंद कs दीं? ट्रम्प रोज भारत आ भारतीयन के अपमान करत बाड़ें। रउआ तs कुछ करीं? लोग अपना प्रधानमंत्री से एक्शन के उम्मीद रखेला , प्रवचन के ना।

Read Also: Gorakhpur News : प्रसिद्ध आंकोपैथोलॉजिस्ट डॉ. अनीता बर्गेस के हार्ट अटैक से निधन, चिकित्सा जगत में शोक

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.