अरविंद केजरीवाल फेरु तिहार पहुंचले, आत्मसमर्पण करे से पहिले राजघाट गइले, जानी जेल जाए से पहिले का कहले

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 2, 2024

Arvind Kejriwal Surrender : आम आदमी पार्टी के संयोजक आ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल एतवार के दुपहरिया तिहार जेल में आत्मसमर्पण कर दिहलन । एकरा से पहिले उ एगो भावुक बयान देले। हाइलाइट   अरविंद

Share

Arvind Kejriwal Surrender : आम आदमी पार्टी के संयोजक आ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल एतवार के दुपहरिया तिहार जेल में आत्मसमर्पण कर दिहलन । एकरा से पहिले उ एगो भावुक बयान देले।

हाइलाइट 

  •  अरविंद केजरीवाल रविवार के दुपहरिया में तिहार जेल में आत्मसमर्पण क देले।
  •  सुप्रीम कोर्ट से उनका के अंतरिम जमानत मिल गइल।
  •  आत्मसमर्पण करे से पहिले सीएम केजरीवाल राजघाट आ कनाट प्लेस स्थित हनुमान मंदिर गइले।

आम आदमी पार्टी के संयोजक आ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल एतवार के दुपहरिया तिहार जेल में आत्मसमर्पण कर दिहलन । सुप्रीम कोर्ट से उनका के अंतरिम जमानत मिल गइल। आत्मसमर्पण करे से पहिले सीएम केजरीवाल राजघाट आ कनाट प्लेस स्थित हनुमान मंदिर गइले। एकरा से पहिले केजरीवाल एक्स पs हिंदी में लिखले कि ‘माननीय सुप्रीम कोर्ट के आदेश प हम 21 दिन खातीर चुनाव प्रचार खातीर निकलनी।’ माननीय सुप्रीम कोर्ट के बहुत बहुत धन्यवाद। आज तिहार जाके आत्मसमर्पण करब। दुपहरिया तीन बजे घर से निकलब। पहिले राजघाट जाके महात्मा गांधी के नमन करब। उहाँ से हम हनुमान जी के आशीर्वाद लेवे खातिर कनाट प्लेस में स्थित हनुमान मंदिर में जाईब। आ ओहिजा से हम पार्टी के कार्यालय में जाके सब कार्यकर्ता आ पार्टी के नेता लोग से भेंट करब । उहाँ से फेरु से तिहार खातिर रवाना होखब। रउआ सभे आपन ख्याल राखीं। हम जेल में रउरा सबे के चिंता में रहब। रउवा खुश बानी तs राउर केजरीवाल भी जेल में खुश रहिहें। जय हिन्द !

जेल नंबर 1 से तिहार जेल के अंदर पहुंचे अरविंद केजरीवाल। तिहार जेल के सूत्र के मुताबिक केजरीवाल जसही तिहार जेल में प्रवेश करीहे, पहिले उनकर मेडिकल जांच करावल जाई। मेडिकल चेक अप में शुगर के स्तर, बीपी आ वजन के जांच कइल जाई। घर से निकलत घरी अरविंद केजरीवाल अपना माई-बाबूजी से आशीर्वाद लेके लइकन के गला लगा लिहले। दिल्ली के मुख्यमंत्री आ आप के राष्ट्रीय संयोजक अरविंद केजरीवाल राजघाट पहुंच के महात्मा गांधी के समाधि में पुष्प अर्पित कइले। हनुमान मंदिर में अरविंद केजरीवाल, आप नेता संजय सिंह के साथ अन्य लोग पूजा कइले। आप नेता गोपाल राय कहले कि, ‘दिल्ली के चुनल मुख्यमंत्री के जवना तरह से गिरफ्तार कइल गइल। सुप्रीम कोर्ट चुनाव प्रचार खातिर अंतरिम जमानत दे दिहले रहे । आज अरविंद फेर जेल जाए वाला बाड़े, हमनी के उम्मीद बा कि उ फेर जेल से वापस आ जईहे…’

भाजपा के विरोध प्रदर्शन

अरविंद केजरीवाल के खिलाफ राजघाट में दिल्ली भाजपा प्रदर्शन। जवना में दिल्ली भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष वीरेंद्र सचदेव भी भाग लेले रहले आ नारा लगावत देखल गइले। केजरीवाल के विरोध में कार्यकर्ता के संगे दिल्ली भाजपा अध्यक्ष राजघाट पहुंचल रहले। राजघाट में जहां अरविंद केजरीवाल भीतर मौजूद रहले, उहें दिल्ली भाजपा कार्यकर्ता बहरी विरोध प्रदर्शन करत रहले।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.