[the_ad_group id="30365"]

Punjab: लुधियाना के अदालत अभिनेता सोनू सूद के खिलाफ जारी कइलस गिरफ्तारी वारंट

अभिनेता सोनू सूद के खिलाफ गिरफ्तारी वारंट
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लुधियाना कोर्ट बॉलीवुड अभिनेता सोनू सूद के खिलाफ धोखाधड़ी के मामला में गिरफ्तारी के वारंट जारी कs देले बिया।कोर्ट में गवाही देवे खातीर बार-बार समन के बावजूद सूद के कोर्ट में हाजिर ना होखला के चलते इs वारंट जारी भईल बा।

लुधियाना के वकील राजेश खन्ना मोहित शुक्ला के खिलाफ दस लाख रुपया के धोखाधड़ी के मामला दर्ज करवले बाड़े, जवना में उनुका के नकली रिजिका सिक्का में निवेश करे के लालच दिहल गईल रहे। एह शिकायत में गंभीर आरोप लगावल गइल बा. एs शिकायत के तहत सोनू सूद के गवाही देवे आवे के रहे। हालांकि बार-बार समन के बावजूद सूद गवाही देवे खातीर कोर्ट में हाजिर ना भईले।

इहो पढ़ीं: Lifestyle: नींबू से दांत कइसे साफ करीं? सफेद आ चमकदार दांत खातीर अपनाई इs असरदार तरीका


 उनुका अनुपस्थिति के चलते अब कोर्ट उनुका खिलाफ गिरफ्तारी वारंट जारी कs देले बिया। ई वारंट ओशिवारा थाना, अंधेरी वेस्ट, मुंबई में भेजल गइल बा आ एह लोग के निर्देश दिहल गइल बा कि अभिनेता के गिरफ्तार कs के कोर्ट में पेश करावल जाव. एs मामला के अगिला सुनवाई 10 फरवरी के होई।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: बइठले – बइठले करीं ई एक्सरसाइज Memory Sharp करे खातीर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]