Army Helicopter Crash:अरुणाचल प्रदेश में सेना के चीता चॉपर दुर्घटनाग्रस्त, एगो पायलट के मौत  

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 16, 2023

Army Helicopter Crash:अरुणाचल प्रदेश में सेना के चीता चॉपर दुर्घटनाग्रस्त, एगो पायलट के मौत एएनआई सेना के सूत्र के हवाला से कहलस कि भारतीय सेना के चीता हेलीकाप्टर अरुणाचल प्रदेश के मंडला पहाड़ी इलाका के

Share

Army Helicopter Crash:अरुणाचल प्रदेश में सेना के चीता चॉपर दुर्घटनाग्रस्त, एगो पायलट के मौत

एएनआई सेना के सूत्र के हवाला से कहलस कि भारतीय सेना के चीता हेलीकाप्टर अरुणाचल प्रदेश के मंडला पहाड़ी इलाका के नजदीक दुर्घटनाग्रस्त हो गईल बा। पायलटन के खोजे खातिर सर्च ऑपरेशन शुरू कर दिहल गइल बा |

अरुणाचल प्रदेश में भारतीय सेना के चीता हेलीकाप्टर दुर्घटनाग्रस्त हो गइल| एकरा में सेना के एगो अधिकारी के मौत हो गईल, जबकि एगो अउरी अधिकारी घाही हो गईल। अरुणाचल के तवांग में ई हेलीकाप्टर दुर्घटनाग्रस्त हो गइल बा | सुबह करीब 10:00 बजे नियमित उड़ान के दौरान हेलीकाप्टर दुर्घटनाग्रस्त हो गईल।

सेना के कहनाम बा कि, चीता चॉपर में दु पायलट सवार रहले। दुर्घटना के बाद दुनो के बाहर निकाल के नजदीकी सेना के अस्पताल पहुंचावल गईल। लेकिन लेफ्टिनेंट कर्नल सौरभ यादव गंभीर रूप से घायल हो गईले। इलाज के दौरान उनुकर मौत हो गईल।

बता दीं कि एह साल मार्च में जम्मू कश्मीर में नियंत्रण रेखा का लगे सेना के एगो अउरी चीता हेलीकाप्टर दुर्घटनाग्रस्त हो गइल रहे| ओहमें भी पायलट के मौत हो गइल जबकि सह पायलट गंभीर रूप से घायल हो गइल|

 

Tags:

,

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.