[the_ad_group id="30365"]

UP Government : यूपी सरकार के आठ साल पूरा होखला पs भाजपा मना रहल बिया उत्सव, सीएम पुस्तिका जारी कइलें

UP Government : यूपी सरकार के आठ साल पूरा होखला पs भाजपा मना रहल बिया उत्सव, सीएम पुस्तिका जारी कइलें
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ: उत्तर प्रदेश में भाजपा सरकार के आठ बरिस पूरा होखला पs सीएम योगी आदित्यनाथ सोमार के पत्रकार वार्ता कइलें। एह मवका पs ऊ सरकार के आठ बरिसन के उपलब्धियन पs जारी एगो पुस्तिका के विमोचन कइलें। एकरा बाद सरकार के ‘सेवा, सुरक्षा आ सुशासन नीति’ पs आधारित एगो डॉक्यूमेंट्रियो जारी कइलें।

ज्ञात होखे कि योगी सरकार के आठ बरिस पूरा होखला पs यूपी भाजपा उत्सव मना रहल बिया। एकर सुरुआत सोमार से हो गइल। ई उत्सव 14 अप्रिल तक मनावल जाई। एकरा तहत भाजपा प्रदेश में अलग-अलग कार्यक्रमन के माध्यम से सरकार के आठ बरिसन के उपलब्धियन के संगे जनसंवाद करिहें। एह क्रम में जिला स्तर पs कार्यशाला होई।

अभियान के प्रदेश संयोजक आ प्रदेश महामंत्री गोविंद नारायण शुक्ल बतवलें कि प्रदेश अध्यक्ष भूपेंद्र सिंह चौधरी आ प्रदेश महामंत्री (संगठन) धर्मपाल सिंह के अगुवाई में ‘उत्तर प्रदेश के उत्कर्ष-भाजपा सरकार के 8 बरिस’ के संदेश के संगे सरकार के उपलब्धियन के लेके भाजपा जनमानस तक पहुंची।

Read Also: Nagpur Violence: नागपुर हिंसा के मुख्य आरोपी के घर पs चलल बुलडोजर, बिल्डिंग प्लान के मंजूरी ना होखला पs कार्रवाई

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]