अरविंद केजरीवाल के एगो आउर झटका, विजिलेंस विभाग दिल्ली CM के निजी सचिव के कइलस बर्खास्त

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 11, 2024

Arvind Kejariwal: शराब नीति घोटाले से जुड़ल मनी लॉन्ड्रिंग मामले में गिरफ्तार दिल्ली के मुख्यमंत्री आ आम आदमी पार्टी के सुप्रीमो अरविंद केजरीवाल के बियफे के एगो आउर झटका लागल बा। ताजा मामले में विजिलेंस

Share

Arvind Kejariwal: शराब नीति घोटाले से जुड़ल मनी लॉन्ड्रिंग मामले में गिरफ्तार दिल्ली के मुख्यमंत्री आ आम आदमी पार्टी के सुप्रीमो अरविंद केजरीवाल के बियफे के एगो आउर झटका लागल बा। ताजा मामले में विजिलेंस विभाग दिल्ली सीएम के निजी सहायक विभव कुमार के उनका सेवा से बर्खास्त कर देलस। विभव कुमार के खिलाफ 2007 के एगो मामले में ई कार्रवाई कइल गइल बा ।

शराब नीति घोटाले से जुड़ल मनी लॉन्ड्रिंग मामले में गिरफ्तार दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के मुश्किल थमें के नाम नइखे लेत। ताजा मामले में विजिलेंस विभाग के टीम उनकर निजी सहायक विभव कुमार के खिलाफ कड़ा एक्शन लेले बा।

उनका पs सरकारी काम में बाधा डाले आ शिकायतकर्ता के गाली देवे आ धमकी देवे के आरोप लगावल गइल बा।

2007 में दर्ज भइल रहें FIR

विजिलेंस विभाग ने बर्खास्तगी के पीछे विभव कुमार के खिलाफ दर्ज एफआईआर को कारन बतावल गइल बा। ई मामला 2007 में नोएडा प्राधिकरण में तैनात महेश पाल नामक व्यक्ति दायर कइले रहे। एमे आरोप लगावल गइल बा कि विभव कुमार तीन गो आउर लोगन के साथे मिल के शिकायतकर्ता, एगो लोक सेवक के” ओकरा कर्तव्य के पालन ना करे से रोकले आ ओकरा के धमकी देले।

विभव कुमार से ईडी कइले रहे पूछताछ

उल्लेखनीय बा कि आबकारी नीति घोटाला मामले में आठ अप्रैल दिन सोमार के ईडी मुख्यमंत्री के निजी सचिव विभव कुमार आ आम आदमी पार्टी के विधायक दुर्गेश पाठक के भी तुगलक रोड स्थित मुख्यालय में बोला के दुनु जाने से करीब छह घंटे ले पूछताछ कइले रहे। दुनु जना से पहिलहूं पूछताछ कइल जा चुकल बा।

ईडी के एगो वरिष्ठ अधिकारी के मुताबिक दुनु जाना के आबकारी नीति घोटाला से जुड़ल मनी लॉन्ड्रिंग मामला में कुछ दिन पहिले ईडी जांच में शामिल होखे खातिर समन भेजले रहे , जवना से सोमार के दुनु जाना आपन- आपन तय समय पऽ ईडी मुख्यालय पहुंच गइल रहले।

सांझ के छव बजे विभव के छोड़ दिहल गइल आ ओकरा बाद दुर्गेश पाठको के छोड़ दिहल गइल। बेहद संवेदनशील मामला होखला के चलते पूछताछ संबंधी जानकारी जांच एजेंसी अबहीं केहू से साझा नइखे करत। काहेकि ए मामला में जांच एजेंसी आगे कई गो नेता लो के भी गिरफ्तार कर सकत बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.