Salman Khan House Firing Case : ‘सरेंडर करे के चाहत बानी, बाकिर…’, सलमान खान के घर पs फायरिंग ममिला में अनमोल बिश्नोई कोर्ट में देलस अर्जी

By Shweta Supriya

Published on: Jul 3, 2026

दिल्ली। तिहाड़ जेल में बंद गैंगस्टर अनमोल बिश्नोई मुंबई के एगो स्पेशल कोर्ट में अर्जी दाखिल कइले बा। एह अर्जी में ऊ साल 2024 में अभिनेता सलमान खान के घर पs भइल फायरिंग ममिला में

Share

Anmol Bishnoi Court Plea in Salman Khan House Firing Case

दिल्ली। तिहाड़ जेल में बंद गैंगस्टर अनमोल बिश्नोई मुंबई के एगो स्पेशल कोर्ट में अर्जी दाखिल कइले बा। एह अर्जी में ऊ साल 2024 में अभिनेता सलमान खान के घर पs भइल फायरिंग ममिला में निष्पक्ष सुनवाई आ न्यायिक प्रक्रिया में सामिल होखे खातिर कोर्ट के सामने सरेंडर करे के अनुमति मंगले बा।

बतावल जा रहल बा कि गैंगस्टर लॉरेंस बिश्नोई के छोट भाई अनमोल बिश्नोई के पिछिला साल नवंबर महीना में अमेरिका से डिपोर्ट कइल गइल रहे। एकरा बाद नेशनल इन्वेस्टिगेशन एजेंसी (NIA) ओकरा के गिरफ्तार कs लेले रहे। अनमोल कइयन गो सनसनीखेज आपराधिक ममिलन में वांछित रहल बा, जवना में मुंबई के बांद्रा इलाका में सलमान खान के घर के बाहर भइल गोलीबारी के ममिलो सामिल बा।

कहलस- ‘कोर्ट के सामने सरेंडर करे के चाहत बानी’

स्पेशल एमसीओसीए (MCOCA) कोर्ट में दाखिल अर्जी में अनमोल कहले बा कि ऊ निष्पक्ष सुनवाई आ न्याय के हित में अपना ऊपर चल रहल मुकदमा के सामना करे आ न्यायिक प्रक्रिया में सामिल होखे खातिर स्वेच्छा से कोर्ट के सामने सरेंडर करे के चाहत बा।

ओकर कहनाम बा कि फिलहाल ऊ एनआईए के एगो दोसरा ममिला में कानूनी हिरासत में बा। एह चलते कोर्ट के आदेस बिना ऊ खुद कोर्ट में हाजिर ना हो सकेला। अनमोल इहो कहले बा कि मवजूदा ममिला में ओकर सरेंडर आधिकारिक रूप से दर्ज करे आ वर्चुअल चाहे फिजिकल रिमांड के प्रक्रिया आगे बढ़ावे खातिर कोर्ट में ओकर मवजूदगी जरूरी बा।

तिहाड़ जेल खातिर प्रोडक्शन वारंट जारी करे के मांग

अनमोल बिश्नोई कोर्ट से आग्रह कइले बा कि तिहाड़ जेल प्रशासन के ओकर पेशी खातिर प्रोडक्शन वारंट जारी कइल जावs। अर्जी में कहल गइल बा कि एकरा से अभियोजन पक्ष के कवनो नुकसान ना होई। उल्टा, मुकदमा के सुनवाई आ कानूनी प्रक्रिया में तेजी आई आ कानून के दुरुपयोग के संभावना कम होई। अर्जी में ईहो बतावल गइल बा कि एह ममिला के ट्रायल सुरू हो चुकल बा आ अनमोल के गैरमौजूदगी में अब तक तीन गवाहन के बयान दर्ज कइल जा चुकल बा।

Read Also: Ram Mandir Donation Theft Case : पुलिस के बड़ खुलासा, व्हाट्सएप पs होत रहे चोरी के बात, चैट में मिलल पुख्ता सबूत

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.