[the_ad_group id="30365"]

31 अगस्त 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 31/08/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

भाद्रपद कृष्ण पक्ष

तिथितृतीया

दिन के 08 बजके 51 मिनट ले,

ओकरा बाद चतुर्थी।

दिन- सोमार।

रेवती नक्षत्र

रात के 03 बजके 23 मिनट ले,

ओकरा बाद अश्विनी नक्षत्र।

गण्ड जोग

रात के 01 बजके 50 मिनट ले,

ओकरा बाद वृद्धि जोग।

विष्टि करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 01/09/2026

भाद्रपद कृष्ण पक्ष

तिथि- चतुर्थी

सबेरे के 07 बजके 42 मिनट ले।

दिन- मंगर।

अश्विनी नक्षत्र

रात के 02 बजके 42  मिनट ले।

वृद्धि जोग

रात के 11 बजके 38 मिनट ले।

बालव करण।

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज राउर आत्मविश्वास बढ़ी। कामकाज में नया मवका मिल सकेला। धन के ममिला में जल्दबाजी से बचीं। परिवार के लोगन के सहजोग मिली।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

आज मेहनत के अच्छा परिणाम मिल सकेला। नौकरी करे वाला लोगन के काम के तारीफ हो सकेला। खरचा बढ़े के संभावना बा, एहसे बजट बना के चलीं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज राउर दिन तनिका व्यस्त रही। जरूरी काम पूरा करे में सफलता मिली। संघतिया भा सहकर्मी से बातचीत करत घरी अपना बात साफ-साफ रखीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

परिवार में खुसी के माहौल रही। पुरान समस्या के समाधान मिल सकेला। कारोबार करे वाला लोगन के फायदा होखे के जोग बा। स्वास्थ्य के ममिला में आराम पs ध्यान दीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज नेतृत्व क्षमता के फायदा मिली। ऑफिस में नया जिम्मेदारी मिल सकेला। आर्थिक इस्थिति मजबूत हो सकेला। प्रेम संबंध में भरोसा बनवले रखीं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज अधूरा काम पूरा करे के बढ़िया मवका बा। पईसा के लेन-देन में सावधानी बरतीं। परिवार में कवनो सदस्य के सलाह रउआ के फायदा पहुंचा सकेला।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज कारोबार आ नौकरी दुनो में प्रगति के जोग बा। रुकल धन वापस मिल सकेला। प्रेम जिनगी में मिठास बढ़ी। जतरा के योजना बन सकेला।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज मेहनत के परिणाम धीरे-धीरे मिली। कवनो जरूरी फैसला लेवे से पहिले अच्छा तरे विचार करीं। घर-परिवार में आपसी समझ बढ़ी।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज भाग्य राउर साथ दे सकेला। नौकरी में तरक्की भा नया अवसर मिल सकेला। विद्यार्थियन खातिर दिन अच्छा बा। बेमतलब के खरचा से बचीं।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज काम के दबाव तनिका जादे रह सकेला। धैर्य बनवले रखीं। आर्थिक ममिला में फायदा होखे के संभावना बा। परिवार के संगे समय बितावे से मन खुस रही।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज नया योजना पs काम सुरू करे खातिर दिन अच्छा बा। कारोबार में लाभ के मवका मिल सकेला। संघतियन के संगे संबंध मजबूत होई। सेहत के प्रति लापरवाही मत करीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज रचनात्मक काम में सफलता मिल सकेला। नौकरी करे वाला लोगन के वरिष्ठ लोगन के सहजोग मिली। धन के ममिला में इस्थिति सामान्य रही। घर में सुख-शांति बनल रही।

Read Also: EPFO : PF खाता में कतना पइसा जमा भइल बा आ कतना ब्याज मिलल? मोबाइल से अइसन करीं चेक

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]