[the_ad_group id="30365"]

Khan Sir : खान सर के बढ़ सकेला मुश्किल, मानहानि ममिला लेके दिल्ली हाई कोर्ट पहुंचली पत्रकार अंजना ओम कश्यप

TV journalist Anjana Om Kashyap files a defamation lawsuit against educator Khan Sir
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। चर्चित शिक्षक खान सर के खिलाफ टीवी पत्रकार अंजना ओम कश्यप दिल्ली हाई कोर्ट में मानहानि के मुकदमा दायर कइले बाड़ी। अंजना ओम कश्यप के आरोप बा कि उनका खिलाफ कइयन गो डिजिटल प्लेटफॉर्म पs आपत्तिजनक टिप्पणी आ पोस्ट प्रसारित कइल गइल, जवना से उनकर छवि के नुकसान पहुंचल बा।

का बा पूरा ममिला?

जानकारी के मोताबिक, एगो टीवी कार्यक्रम के दौरान अंजना ओम कश्यप स्टार शिक्षकन के बढ़त प्रभाव पs सवाल उठवले रहली। एह बयान के बाद खान सर उनका टिप्पणी के जवाब देत कइयन गो सवाल उठवले रहलें आ कुछ बयान देले रहलें।

एह ममिला के लेके अब अंजना ओम कश्यप अदालत के दरवाजा खटखटवले बाड़ी आ मानहानि के मुकदमा दर्ज करवले बाड़ी।

आपत्तिजनक शब्दन के इस्तेमाल के आरोप

मानहानि याचिका में अंजना ओम कश्यप दावा कइले बाड़ी कि कइयन गो वीडियो, पोस्ट आ प्रसारण में उनका खातिर “बिकाऊ पत्रकार”, “चाटुकार” आ “दल्ली” जइसन शब्दन के इस्तेमाल कइल गइल। एकरा अलावा उनकरा पs दलाली करे आ फेक न्यूज के दुकान चलावे जइसन आरोप लगावल गइल।

उनकर कहनाम बा कि एह तरे के टिप्पणी से उनकर पेशेवर प्रतिष्ठा पs असर पड़ल बा आ सोशल मीडिया पs लगातार निशाना बनावल गइल बा।

परिवार पs पड़ल असर

अंजना ओम कश्यप के अनुसार, सोशल मीडिया पs फइलल पोस्ट आ वीडियो के चलते उनका परिवार के परेसानी झेले के पड़ल। उनकर दावा बा कि परिवार के उत्पीड़न, अनचाहा धेयान आ सुरक्षा से जुड़ल चिंता के सामना करे के पड़ल बा।

आज हो सकेला हाई कोर्ट में सुनवाई

दिल्ली हाई कोर्ट में दायर एह मानहानि याचिका पs आज सुनवाई हो सकेला। अब अदालत एह ममिला में का फैसला लेला, एकरा पs सब केहू के नजर टिकल बा।

फिलहाल, खान सर आ अंजना ओम कश्यप के बीच सुरू भइल ई विवाद कानूनी लड़ाई के रूप ले चुकल बा।

Read Also: Women’s T20 World Cup : अब तक ऑस्ट्रेलिया के दबदबा बरकरार, बाकिर का भारत बा पहिला खिताब खातिर तइयार?

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]