बिहार में आंगनबाड़ी सेविका लो के फेर मिली नया स्मार्टफोन

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 6, 2024

बिहार राज्य के तमाम आंगनबाड़ी केंद्र के सेविका के जल्दिए नया मोबाइल मिल जाई। समाज कल्याण विभाग जल्दिए एह संबंध में निविदा जारी करे जा रहल बा। विभागीय सूत्र के मुताबिक वित्त विभाग के मंजूरी

Share

Bihar anganbadi

बिहार राज्य के तमाम आंगनबाड़ी केंद्र के सेविका के जल्दिए नया मोबाइल मिल जाई। समाज कल्याण विभाग जल्दिए एह संबंध में निविदा जारी करे जा रहल बा। विभागीय सूत्र के मुताबिक वित्त विभाग के मंजूरी के बाद जल्दिए नाया मोबाइल खरीदे आ वितरण के प्रक्रिया शुरू हो जाई।

विभाग के मुताबिक सरकार 2019 में सभ सेविका लो के स्मार्ट फोन देले रहे, ताकि रोज पोषण ट्रैकर पs केंद्र के काम के पूरा विवरण अपलोड कर सकस।

मोबाइल वापस करे खातिर विकास परियोजना अधिकारी तक पहुँचली सेविका

जानकारी के मोताबिक, हाल के दिन में गया, पूर्णिया, अररिया, भागलपुर, मुजफ्फरपुर समेत लगभग सभ जिला में सेविका बाल विकास परियोजना अधिकारी के लगे मोबाइल वापस करे खातिर स्मार्ट फोन जमा करे खातिर पहुंच रहल बाड़ी। बाकिर ओह लोग के मोबाइल जामा नइखे होत। पूर्णिया जिला में 3500 से अधिक आंगनबाड़ी केन्द्र बा।

इहाँ के सेविका जब एक-एक कऽ के बाल विकास परियोजना अधिकारी के लगे मोबाइल जमा करे गइली तऽ विभाग के ओर से ए संबंध में कवनो निर्देश नइखे आइल कहत मना कऽ दिहल गइल। एकरा बारे में पूर्णिया बिहार राज्य आंगनबाड़ी कर्मचारी संघ आईसीडीएस के एगो चिट्ठी भेजले बा, जवना में कहल गइल बा कि पांच साल में सब मोबाइल के हालत खराब बा। अइसना में तमाम जिला से ऑनलाइन रिपोर्ट भेजल मुश्किल बा।

समाज कल्याण विभाग के मंत्री ए विषय पs का कहले?

जल्द निकलेगा फोन के खातिर दोबारा टेंडर मोबाइल मद में राशि उपलब्ध हैम हाल में टेंडर कइल गइल रहे था, बाकिर तकनीकी कारण से टेंडर रद्द हो गइल बा। जल्दिए दोबारा टेंडर कऽ के मोबाइल दिहल जाई। बिना मोबाइल सेविका पोषण ट्रैकर पs काम ना कर पइहें आ आंगनबाड़ी केंद्र के कामकाज में परेशानी होई। -मदन सहनी, मंत्री, समाज कल्याण विभाग।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.