विश्व एड्स दिवस:”एड्स छुआ-छूत के बेमारी ना हs”: प्रो0 शैल पांडे

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 2, 2024

आजु सोमार के डी.ए.वी.पी.जी. कॉलेज, गोरखपुर के राष्ट्रीय सेवा योजना, दयानंद इकाई आ राष्ट्रीय कैडेट कोर के संयुक्त तत्वाधान में आ प्राचार्य प्रोफेसर शैल पांडे के नेतृत्व में विश्व एड्स दिवस पs कार्यालय मुख्य चिकित्सा

Share

विश्व एड्स दिवस

आजु सोमार के डी.ए.वी.पी.जी. कॉलेज, गोरखपुर के राष्ट्रीय सेवा योजना, दयानंद इकाई आ राष्ट्रीय कैडेट कोर के संयुक्त तत्वाधान में आ प्राचार्य प्रोफेसर शैल पांडे के नेतृत्व में विश्व एड्स दिवस पs कार्यालय मुख्य चिकित्सा अधिकारी, सदर अस्पताल, गोरखपुर में जागरूकता रैली निकालल गईल. जेमें स्वयंसेवक आ स्वयं सेविका लोग द्वारा सदर अस्पताल से प्रशासनिक भवन,गोलघर चौराहा से होत घोष कंपनी से आके सदर अस्पताल, गोरखपुर ले रैली के आयोजन कइल गइल।
स्वयंसेवक लोग “हम सबका है एक ही नारा, एड्स मुक्त हो देश हमारा” जइसन नारा लगवलें। एह रैली में टाउन हॉल के लगे नुक्कड़ नाटक आयोजित कइल गइल । सदर अस्पताल से वापस जागरूकता रैली डी.ए.वी.पी.जी.कॉलेज, गोरखपुर पहुंच के समाप्त कइल गइल।
महाविद्यालय में एह अवसर पs कार्यक्रम अधिकारी श्रीमती प्रतिभा गुप्ता के द्वारा संगोष्ठी के आयोजन कइल गइल, जेमें वक्ता के रूप में इतिहास विभाग के डॉ0 संजय कुमार मिश्रा खुदे एह लाइलाज बेमारी से बचे के विभिन्न तरीका पs प्रकाश डलल। उs बतवले कि “बचाव से एह बेमारी के मुख्य इलाज हो सकेला। “
एह अवसर पs प्राचार्य प्रो. शैल पांडे कहली कि “एड्स छुआछूत के बेमारी नाहीं हs। हमनी के आपन नैतिक आचरण द्वारा एह बेमारी के भारत वर्ष से समाप्त करे के बा.” स्वयंसेवक अनूप कुमार अपने कविता के माध्यम से सभ के एड्स बेमारी के बारे में जागरूक कइले।
एह कार्यक्रम में स्वयंसेवक आ स्वयं सेविका लोग पोस्टर प्रतियोगिता में भी प्रतिभाग कइल. जेमें एड्स बेमारी, ओकर कारन आ बचाव से संबंधित पोस्टर के माध्यम से प्रदर्शित कइल गइल। एह अवसर पs डॉ0 रागिनी दीक्षित आ डॉ0 मनोज कुमार श्रीवास्तव, शिक्षक सहित रूपा मद्धेशिया, मरियम, सुनिधि, अमन, नीतू, करुणेश अउरी अनेक स्वयंसेवक आ स्वयं सेविका उपस्थित रहले लोग.

इहो पढ़ीं: laddu gopal: घर में बाड़े अगर बाल गोपाल तs एह नियम के जरूर करीं पालन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.