दरभंगा में पुलिसकर्मियन के जिंदा जलावे के कोसिस, सीसीटीवी में कैद भइल ज्वलनशील पदार्थ लेके थाना पहुंचल शख्स

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 8, 2024

दरभंगा के मोर थाना में आग लगावे के कोसिस कइल गइल बा। एगो शख्स थाना परिसर में जवलनशील पदार्थ लेके घुस गइल आ आग लगावे के कोसिस करे लागल। बतावल जात बा कि थाना में

Share

दरभंगा के मोर थाना में आग लगावे के कोसिस कइल गइल बा। एगो शख्स थाना परिसर में जवलनशील पदार्थ लेके घुस गइल आ आग लगावे के कोसिस करे लागल। बतावल जात बा कि थाना में रात के ड्यूटी में पुलिसकर्मी तैनात रहे लो।

आग लगावे के कोसिस करत शख्स के थाना के चौकीदार देख लेल। एकरा बाद ऊ बदमाश उहां से भाग निकलल। थाना में लागल सीसीटीवी में आग लगावे के कोसिस के घटना कैद हो गइल बा। फुटेज के आधार पs आरोपी के पकड़े के कोसिस कइल जा रहल बा।

सिटी एसपी सागर कुमार
सिटी एसपी सागर कुमार।

घटना के जानकारी मिलला के बाद सिटी एसपी मवका पs पहुंचलें। सिटी एसपी सागर कुमार बतवलें की मध्य रात में मोरो थाना अध्यक्ष सूचना देलस कि मोरो थाना के परिसर में असामाजिक तत्व के ओर से आग लगावे के प्रयास कइल गइल बा। बाकिर थाना के रिजर्व गार्ड के सक्रियता से बड़ घटना टल गइल।

वरीय पदाधिकारी मौके पहुंचकर मामले की छानबीन में जुट गए हैं। घटना से संबंधित सीसीटीवी फुटेज भी सामने आया है। जांच की जा रही है। आरोपी की पहचान कर जल्द से जल्द उसे गिरफ्तार किया जाएगा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.