अमृतसर के इस्लामाबाद पुलिस स्टेशन के लगे भइल तेज धमाका, स्थानीय लोगन में दहशत के माहौल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 17, 2024

मंगल के सबेरे पंजाब के अमृतसर के इस्लामाबाद थाना के नजदीक एगो जोरदार संदिग्ध विस्फोट के आवाज सुनाई देलस। बतावल जा रहल बा कि सबेरे करीब 3 बजे एह विस्फोट के आवाज से लोग जागल।

Share

मंगल के सबेरे पंजाब के अमृतसर के इस्लामाबाद थाना के नजदीक एगो जोरदार संदिग्ध विस्फोट के आवाज सुनाई देलस। बतावल जा रहल बा कि सबेरे करीब 3 बजे एह विस्फोट के आवाज से लोग जागल। इलाका के लोग में दहशत फैल गईल बा.

थाना में कवनो विस्फोट ना भईल
इस्लामाबाद थाना के अधिकारी जसबीर सिंह बतवले कि हमनी के भी आवाज सुनाई देलस, बाकिर थाना में कवनो विस्फोट ना भईल। एकरा बाद पता लगावल जा रहल बा कि विस्फोट कहां भईल? स्थानीय पुलिस अधिकारी एs मामला में कुछ कहे खातीर तैयार नईखन।

गैंगस्टर जीवन फौजी जिम्मेवारी लेले बाड़े

एही बीच गैंगस्टर जीवन फौजी एs धमाका के जिम्मेवारी लेले बाड़े। स्थानीय लोग के कहनाम बा कि विस्फोट करीब 3 बजे भईल। धमाका एतना तेज रहे कि घर के भीतर के देवाल पs लागल तस्वीर तक गिर गईल। हालांकि अबे ले पंजाब पुलिस विस्फोट के जिम्मेदारी लेवे वाला गैंगस्टर के बारे में कुछूओ पुष्टि नईखे कईले।

इहो पढ़ीं: 1 जनवरी से बदल जाई नियम, एs शहर में भीख देवे वालन पs भी होई एक्शन; दर्ज होई FIR

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.