पंजाब: अमृतपाल सिंह के महतारी के पुलिस कइलस गिरफ्तार, जानीं वजह

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 8, 2024

  असम जेल से पंजाब जेल में स्थानांतरण के मांग करत प्रस्तावित मार्च से एक दिन पहिले अतवार के दिने ‘वारिस पंजाब दे’ संगठन के प्रमुख अमृतपाल सिंह के महतारी के गिरफ्तार कs लिहल गइल.

Share

 

असम जेल से पंजाब जेल में स्थानांतरण के मांग करत प्रस्तावित मार्च से एक दिन पहिले अतवार के दिने ‘वारिस पंजाब दे’ संगठन के प्रमुख अमृतपाल सिंह के महतारी के गिरफ्तार कs लिहल गइल. सिंह के पछिला साल अप्रैल में गिरफ्तार कs लिहल गईल रहे अवुरी उनुका खिलाफ राष्ट्रीय सुरक्षा कानून (एनएसए) लागू भईल रहे।

बलविंदर कौर के न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल

अमृतपाल अवुरी उनुकर 9 सहयोगी फिलहाल असम के डिब्रूगढ़ जेल में बंद बाड़े। पुलिस उपायुक्त आलम विजय सिंह अतवार के दिने बतवले कि अमृतपाल के महतारी बलविंदर कौर के न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल बा. डीसीपी बतवले कि उनुका के निवारक हिरासत में लिहल गईल बा। अधिकारी एएsबारे में जादा जानकारी ना देले।

अमृतपाल आ उनुका नौ साथियन के असम के डिब्रूगढ़ जेल से पंजाब के जेल में स्थानांतरित करे के मांग करत 8 अप्रैल के बठिंडा के तख्त दमदामा साहब से मार्च निकाले के रहे। बलविंदर कौर के संगे बाकी कैदी के परिवार के लोग 22 फरवरी से अमृतसर के स्वर्ण मंदिर के नजदीक अनशन पs बईठल रहले। उ कहले कि जब ले अमृतपाल अवुरी बाकी कैदी के पंजाब जेल में तबादला ना हो जाई तब ले उनुकर अनशन जारी रही।

साभार- इंडिया tv

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.