Lok Sabha Election: गृह मंत्री अमित शाह CM योगी के साथे काल करिहें गोरखपुर में रोड शो, ई होई रूट

By Anurag Ranjan

Published on: May 28, 2024

  केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह अवुरी मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ 29 मई के दुपहरिया 3:30 बजे से टाउनहॉल से रोड शो करीहे। उनकर रोड शो घोष कंपनी, रेती रोड, नखास, बक्शीपुर, आर्यनगर से होके विजय चौक

Share

 

केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह अवुरी मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ 29 मई के दुपहरिया 3:30 बजे से टाउनहॉल से रोड शो करीहे। उनकर रोड शो घोष कंपनी, रेती रोड, नखास, बक्शीपुर, आर्यनगर से होके विजय चौक पs खतम होखी. एह कार्यक्रम के फैसला भाजपा के राज्य नेतृत्व कइले बा. रोड शो तीन किलोमीटर के होई। व्यापारी संगठन अलग अलग चौराहा पs रोड शो के स्वागत करीहें.

भाजपा उम्मीदवार रवि किशन के पक्ष में वोट देबे खातिर आयोजित ई रोड शो परंपरागत रूप से टाउनहॉल चौराहा से शुरू होखे के संभावना बा. पिछला लोकसभा चुनाव में भी भाजपा के ओर से रवि किशन खातीर आयोजित रोड शो में मुख्यमंत्री योगी के संगे अमित शाह सामिल रहले।भाजपा टीम भीड़ के माध्यम से शो के ऐतिहासिक बनावे के प्रयास जोर सोर से होत बा ।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.