Amit shah सीमांचल के देले बड़ सौगात, कहले अब रउओ सभे लेम सस्ता हवाई उड़ान के मजा…

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 23, 2022

गृहमंत्री अमित शाह (Amit shah) पूर्णिया में अपना सभा में सीमांचल के लोगन के संबोधित करत कहले कि सीमांचल के लोग अब सस्ता दर पs हवाई उड़ान भरी लो। ऊ कहले कि पूर्णिया में हवाई

Share

गृहमंत्री अमित शाह (Amit shah) पूर्णिया में अपना सभा में सीमांचल के लोगन के संबोधित करत कहले कि सीमांचल के लोग अब सस्ता दर पs हवाई उड़ान भरी लो। ऊ कहले कि पूर्णिया में हवाई अड्डा लगभग बन गइल बा। सस्ता हवाई जहाज में 12 जिला के लोग जाई। ऊ कहले कि एनएच 107 के दोहरीकरण, पूर्णिया-खगडिया एनएच 31 दोहरीकरण, किशनगंज में बाइपास, सीमांचल-झारखंड के जोड़े वाला 6 किमी लमहर 4 लेन के गंगा पs पुल, गलगलिया-अररिया-सुपौल रेलखंड के काम समेत कइयन गो योजना बा जवन ई दर्शावत बा कि सीमांचल के विकास खातिर केंद्र केतना तत्पर बा।

हमनी के दे देनी सs, नीतीश बाबू रउओ दे दीं

गृहमंत्री अमित शाह कहले कि भाजपा वादा कइले रहे कि बिहार के विकास खातिर 1 लाख 25 हजार करोड़ दिही। प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के आठ साल के कार्यकाल के दौरान वायदा से बिहार के विकास पs 1 लाख 35 करोड़ के हिसाब लेके आइल बानी। नीतीश बाबू आपन हिसाब दिहि, कुर्सी बचावे के अलावे का कइनी। बिहार के घरन में हमनी के शत प्रतिशत बिजली देनी सs , माई बहिन के गैस सिलेंडर , कोविड काल में मुफ्त राशन देनी सs। घर-घर में बैंक अकाउंट, सीधे खातन में योजनन के लाभ पहुंचवनी सs।

जंगलराज पs षडयंत्र लउकेला

पूर्णिया में जनभावना सभा में गृहमंत्री अमित शाह कहले कि हमनी के आज बिहार में जंगलराज दिख रहल बा बाकिर नीतीश बाबू के षडयंत्र लउकत बा। ए घरी उनका संगे नया- नया लल्लन बाबू लउक रहल बानी। चारा घोटाला करे वालन के साथ दुनो मिल गइले। कबो सीबीआई के दफ्तर में अर्जी लेके घूमते रहे लो। अब घोटालेबाजन के बचावे खातिर सीबीआई के रोके के बात करेला लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.