Amethi News : मतदान केंद्र के बहरी स्मृति ईरानी आ किशोरी लाल शर्मा के बीच नोक झोंक, दउड़ के अइले सब अफसर- ई बा पूरा मामला

By Anurag Ranjan

Published on: May 20, 2024

Amethi News : सोमर दुपहरिया के बाद तीन बजे के करीब भाजपा प्रत्याशी स्मृति इरानी राजा फत्तेपुर से तिलोई के ओर जात रहली। रास्ता में रस्तामऊ के प्राथमिक विद्यालय के बूथ संख्या 155 156 157

Share

Amethi News : सोमर दुपहरिया के बाद तीन बजे के करीब भाजपा प्रत्याशी स्मृति इरानी राजा फत्तेपुर से तिलोई के ओर जात रहली। रास्ता में रस्तामऊ के प्राथमिक विद्यालय के बूथ संख्या 155 156 157 के सोझा 60-70 मुस्लिम समुदाय के लोगन के साथे कांग्रेस प्रत्याशी किशोरी लाल शर्मा बातचीत करत रहले। कांग्रेस के लोगन के कहनाम बा कि कवनो समाचार चैनल वालन के बाइट देत रहले।

तिलोई (अमेठी) : अमेठी संसदीय क्षेत्र के तिलोई विधान सभा क्षेत्र के रस्तामऊ गांव में कांग्रेस उम्मीदवार किशोरी लाल शर्मा मुस्लिम समाज के लोगन के साथे मीटिंग कऽ के बाइट देत रहले। एह बात के जानकारी होखला पs केंद्रीय मंत्री आ भाजपा उम्मीदवार स्मृति इरानीयो उहाँ पहुंच गइली। दुनु जाना में मतदान प्रभावित करे के लेके नोक झोंक शुरू हो गइल। पुलिस आ प्रशासन के अधिकारी जइसे – तइसे मामला शांत करवलस।

स्मृति ईरानी एह बात पऽ जतवली एतराज

बाइट देवे के दौरान कांग्रेस के कार्यकर्ता ताली बजाकर नारेबाजीयो करत रहले। स्मृति इरानी के काफिला तनि आगे बढ़ल आ पूर्व माध्यमिक विद्यालय के बूथ संख्या 158, 159 के सामने रुकल आ ओहिजा से स्मृति प्रशासन के लोगन से कहली कि ई का हो रहल बा। का चुनाव घरी बूथ के सोझा ए तरे के हरकत हो सकत बा। एही बीचे दुनू उम्मीदवारन के बीच नोक-झोंक हो गइल।

साथ में मौजूद भाजपा नेता राकेश त्रिपाठी मामले के सूचना उच्चाधिकारियन के दे देले। उहाँ मौजूद पुलिस बल बीच बचाव के मुद्रा में आ गइल आ कांग्रेस प्रत्याशी किशोरी लाल के उहाँ से जाए खातिर कहलस।

उपजिलाधिकारी आशीष सिंह आ सीओ अजय कुमार सिंह मौजूद भीड़ के उहाँ से भगावत घरी कवनो तरे दुनु पक्षन के अलग-अलग राहे भेजले। उपजिलाधिकारी बतवले कि कवनो झगड़ा जइसन बात ना रहे। जब हमनी मौका पसव पहुंचनी तऽ दुनु प्रत्याशी अपना गंतव्य के ओर जा चुकल रहले। सीओ पूरा घटना क्रम के ब्यौरा एकत्र करत रहले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.