दरोगा के पिस्टल छीनके भागत रहे अमेठी हत्याकांड के आरोपी चंदन, पुलिस पैर में गोली मारके कइलस घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 5, 2024

  उत्तर प्रदेश के अमेठी जिला में एके परिवार के चार लोग के गोली मार के हत्या कs दिहल गईल। एगो दलित शिक्षक अवुरी ओकरा परिवार के हत्या करेवाला आरोपी चंदन वर्मा के शुक के

Share

अपराध: फोटो

 

उत्तर प्रदेश के अमेठी जिला में एके परिवार के चार लोग के गोली मार के हत्या कs दिहल गईल। एगो दलित शिक्षक अवुरी ओकरा परिवार के हत्या करेवाला आरोपी चंदन वर्मा के शुक के गिरफ्तार कs लिहल गईल।  शुक के रात पुलिस के उनुका संगे मुठभेड़ भईल। मुठभेड़ के दौरान चंदन के दाहिना गोड़ में गोली लाग गईल। हत्या में शामिल पिस्तौल के बरामद करे खातिर ले जाए के दौरान भईल मुठभेड़.

मोहनगंज थाना क्षेत्र में भईल मुठभेड़

उs इंस्पेक्टर के पिस्तौल छीन के पुलिस पs गोली चलावे वाला रहले। पुलिस आत्मरक्षा में गोली चला दिहलस। गोली चंदन के दाहिना गोड़ में लागल। पुलिस चंदन के तिलोई सीएचसी में भर्ती करवले बिया। चंदन पs अमेठी के अहोरवा भवानी में एगो परिवार के 4 लोग के हत्या के आरोप बा। मोहनगंज थाना क्षेत्र में मुठभेड़ हो गईल।

एसपी अनुप कुमार सिंह बतवले कि मुख्य आरोपी चंदन मौर्य के जेवर टोल प्लाजा के नजदीक एसटीएफ गिरफ्तार कs लेले बा। पूछताछ के दौरान आरोपी अपना अपराध के कबूल कs लेले बा। उs बतवले बाड़े कि महिला से उनुकर प्रेम संबंध रहे। एही कारण से उs तनाव में रहले। उs तनाव में इs अपराध कईले।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.