Amazon ने लॉन्च कइलस नाया फीचर, UPI के जरिए ट्रांसफर करीं अमेजन पे वॉलेट बैलेंस

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 14, 2022

नई दिल्ली: जदि रउआ दिन अमेजन पे वॉलेट (Amazon Pay Wallet) बैलेंस के इस्तेमाल करेनी रउआ खातिर खुशखबरी बा। असल में, दिग्गज ई-कॉमर्स कंपनी अमेजन के पेमेंट यूनिट अमेजन पे इंडिया (Amazon Pay India) एगो

Share

नई दिल्ली: जदि रउआ दिन अमेजन पे वॉलेट (Amazon Pay Wallet) बैलेंस के इस्तेमाल करेनी रउआ खातिर खुशखबरी बा। असल में, दिग्गज ई-कॉमर्स कंपनी अमेजन के पेमेंट यूनिट अमेजन पे इंडिया (Amazon Pay India) एगो नया आ बहुप्रतीक्षित फीचर के लॉन्च क देले बा, अब रउआ यूपीआई के माध्यम से कवनो दोस्त के बैंक अकाउंट में यूपीआई आईडी भा स्कैन के जरिए अपना अमेजन पे वॉलेट बैलेंस के भेज सकत बानी। अभी तक खाली  बैंक अकाउंट के अमजेन पे से लिंक क पैसे भेजे के सुविधा रहे।

कंपनी धीरे-धीरे सब यूजर्स के ई फीचर इनेबल्ड कर रहल बिया। हालांकि ई फीचर ओहि लो के इनेबल्ड कइल जा रहल बा जेकर अमेजन पे वॉलेट के फुल केवाईसी (Full KYC) बा। इहां धेयान देवे वाली बात बा कि रउआ खाली अमेजन वॉलेट के मनी के ट्रांसफर क सकत बानी ना कि कैशबैक, रिफंड आ गिफ्ट कार्ड बैलेंस के। अमेजन पे वॉलेट के 2 भाग बा- एगो मनी आ एगो कैशबैक, रिफंड आ गिफ्ट कार्ड।

मनी बैलेंस के मतलब ओह बैलेंस से होला जवन अपना वॉलेट में सीधे लोड कइल जाला। बता दीं कि रउआ अमेजन पे बैलेंस में डेबिट कार्ड, यूपीआई आ नेटबैंकिंग के माध्यम से पईसा के लोड क सकत बानी। फिलहाल क्रेडिट कार्ड के माध्यम से अमेजन पे बैलेंस में मनी लोड करे के डिसेबल्ड क दिहल गइल बा।

Amazon Pay Balance UPI ID आ Amazon Pay UPI ID में का अंतर बा

Amazon Pay Balance UPI ID (****@amazonpay) राउर वॉलेट बैलेंस से लिंक होला जबकि Amazon Pay UPI ID (****@apl) रउआ बैंक बैलेंस से लिंक होला। एगो आउर बात कि अमेजन पे यूपीआई आईडी के माध्यम से ट्रांजैक्शन कइला प रउआ हर 4 भा 6 डिजिट के यूपीआई पिन डाले के होला जबकि अमेजन पे बैलेंस यूपीआई आईडी के माध्यम ट्रांजैक्शन करे खातिर यूपीआई पिन के जरूरत ना होला।

Amazon Pay Balance UPI ID के माध्यम से ट्रांजैक्शन करे के लिमिट

फुल केवाईसी यूजर अमेजन पे बैलेंस यूपीआई आईडी के माध्यम से एक महीने में केहु के बैंक अकाउंट भा यूपीआई आईडी प 10 हजार रुपिया ट्रांसफर क सकत बानी।
फुल केवाईसी यूजर अमेजन पे बैलेंस यूपीआई आईडी के माध्यम से एक महीना में कवनो मर्चेंट QR कोड के स्कैन क के भा ऑनलाइन मर्चेंट के 20 हजार रुपिया पेमेंट क सकत बा।
स्मॉल पीपीआई अकाउंट यूजर्स अमेजन पे बैलेंस यूपीआई आईडी के माध्यम से एक महीना में कवनो मर्चेंट QR कोड के स्कैन क के भा ऑनलाइन मर्चेंट के 10 हजार रुपिया पेमेंट क सकत बा लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.