दिल्ली, गुरुग्राम, मेरठ, नोएडा में स्कूल आज से रही बंद, ऑनलाइन चली क्लासेज

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 19, 2024

  सोमार के दिने सुप्रीम कोर्ट में दिल्ली के वायु प्रदूषण के बारे में सुनवाई भइल जवना में कोर्ट सरकारन के कड़ा फटकार दिहलस. दिल्ली सरकार अतवार के दिने कक्षा नौ आ ऑनलाइन कक्षा ले

Share

School Closed

 

सोमार के दिने सुप्रीम कोर्ट में दिल्ली के वायु प्रदूषण के बारे में सुनवाई भइल जवना में कोर्ट सरकारन के कड़ा फटकार दिहलस. दिल्ली सरकार अतवार के दिने कक्षा नौ आ ऑनलाइन कक्षा ले के सगरी स्कूल बंद करे के आदेश दिहलस. सरकार 11वीं आ 12वीं के विद्यार्थियन के स्कूल आवे पर रोक ना लगवले रहुवे. बाकिर कोर्ट के डांट के बाद सोमार के दिने दिल्ली के सीएम आतिशी एगो आदेश जारी कइली जवना में कहल गइल बा कि शहर में बढ़त प्रदूषण के स्तर के बीच दसवीं आ बारहवीं कक्षा के विद्यार्थियन के कक्षा ऑनलाइन भी करावल जाई.

मंगल से बंद रही दिल्ली, नोएडा, मेरठ, समेत ईहां के स्कूल

दिल्ली के मुख्यमंत्री आतिशी ट्विटर पs एगो पोस्ट में कहली कि, काल्ह से 10 अवुरी 12 कक्षा केफिजिकल क्लासेस सस्पेंड कs दिहल गईल बा अवुरी सभ पढ़ाई ऑनलाइन शिफ्ट कs दिहल गईल बा।

दिल्ली विश्वविद्यालय इहो तय कइले बा कि दिल्ली आ एनसीआर में एयर क्वालिटी इंडेक्स (एक्यूआई) खराब होके चिंताजनक रूप से अधिका इंडेक्स हो गइल बा. छात्रन के बड़हन हित में ई तय कइल गइल बा कि 23 नवंबर 2024 शनिचर ले ऑनलाइन मोड में कक्षा आयोजित कइल जाई.

बढ़त प्रदूषण के चलते नोएडा के स्कूल बंद करे के आदेश दिहल गईल बा। जिला अधिकारी मनीष वर्मा 23 नवम्बर तक स्कूल बंद करे के आदेश देले। ऑनलाइन क्लास के माध्यम से पढ़ाई जारी रही, जिला में प्रदूषण के स्तर खतरा के निशान से ऊपर बा, गौतम बुद्ध नगर के सभ स्कूल बंद करे के आदेश दिहल गईल बा।

मेरठ में 12वीं ले के स्कूलन खातिर छुट्टी, मेरठ में ग्रेप 4 भी लागू भइल, हवा के गुणवत्ता सूचकांक खतरनाक स्तर पs पहुँचला के चलते 12वीं ले के स्कूलन खातिर छुट्टी आगे के आदेश तक स्कूल बंद रही।  डीएम दीपक मीणा आदेश देले, कक्षा ऑनलाइन चली, आदेश के कड़ाई से पालन कईल जाई।

हापुड़ में भी अत्यधिक कोहरा आ प्रदूषण के चलते हापुड़ जिला के कक्षा 1 से 12 ले के सब स्कूल काल्ह बंद रही, जिला स्कूल निरीक्षक आदेश जारी कईले।

प्रदूषण के चलते गौतम बुद्ध नगर के सभ स्कूल बंद करे के आदेश, गौतम बुद्ध नगर के स्कूल भी 23 नवम्बर ले बंद रही।

स्कूल बंद करे के इs आदेश गुरुग्राम, फरीदाबाद, सोनीपत में भी लागू भईल बा।  गुरुग्राम प्रशासन कक्षा 1 से 5 ले के स्कूल में 19 नवंबर से ऑनलाइन क्लास करावे के निर्देश जारी कईले बा। शिक्षा विभाग सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs एs संबंध में आधिकारिक अधिसूचना जारी कईले बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.