[the_ad_group id="30365"]

CWG 2026 : मुरली श्रीशंकर लगातार दूसरका बेर जीतलें सिल्वर, 8.09 मीटर के लमहर छलांग से रचलें इतिहास

Murali Sreeshankar Wins CWG 2026 Silver
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। कॉमनवेल्थ गेम्स 2026 में भारत के स्टार लॉन्ग जंप खिलाड़ी मुरली श्रीशंकर सानदार प्रदर्शन करत पुरुष लॉन्ग जंप स्पर्धा में सिल्वर मेडल जीत लेलें। श्रीशंकर फाइनल मुकाबला में 8.09 मीटर के लमहर छलांग लगवलें आ भारत के पदक तालिका में एगो आउर मेडल जोड़ देलें।

एह उपलब्धि के संगे मुरली श्रीशंकर कॉमनवेल्थ गेम्स में लगातार दूसरका बेर सिल्वर मेडल जीते वाला भारतीय एथलीट बन गइलें। एकरा पहिले ऊ साल 2022 में बर्मिंघम में भइल कॉमनवेल्थ गेम्स में रजत पदक जीतले रहस।

मामूली अंतर से गोल्ड मेडल से चूक गइलें मुरली

CWG 2026 के पुरुष लॉन्ग जंप फाइनल में भारतीय प्रशंसक मुरली श्रीशंकर से गोल्ड मेडल के उम्मीद करत रहे लाेग। हालांकि, ऊ बहुत कम अंतर से स्वर्ण पदक जीते से चूक गइलें।

जमैका के टेजे गेल 8.15 मीटर के छलांग लगाके गोल्ड मेडल जीत लेलें। मुरली श्रीशंकर 8.09 मीटर के बेस्ट जंप के संगे दूसरका स्थान हासिल कइलें। दुनु खिलाड़ियन के बीच खाली 6 सेंटीमीटर के अंतर रहे।

मुरली पहिलके राउंड में 8.09 मीटर के सानदार छलांग लगवले रहस। हालांकि, चउथा राउंड में टेजे गेल बेहतर प्रदर्शन करत उनका के पीछे छोड़ देलें।

लोकेश चउथा स्थान पs रहलें

एह मुकाबला में भारत के दूसरका खिलाड़ी लोकेश पदक जीते के बहुत करीब पहुंचलें। ऊ 7.97 मीटर के छलांग लगाके चउथा स्थान हासिल कइलें। लोकेश के प्रदर्शन सराहनीय रहल, बाकिर ऊ मामूली अंतर से पदक जीते से चूक गइलें।

CWG 2026 में भारत के मेडल संख्या बढ़ल

मुरली श्रीशंकर के सिल्वर मेडल के बाद कॉमनवेल्थ गेम्स 2026 में भारत के कुल पदक संख्या 15 हो गइल बा। एमे भारत अब तक तीन गोल्ड, नौ सिल्वर आ तीन कांस्य पदक जीतले बा।

मीराबाई चानू, दिलीप गावित आ शर्मिला भारत खातिर गोल्ड मेडल जीतले बाड़ें। ओहिजा, ऋषिकांता सिंह चनंबम, राजा मुथुपांडी, वल्लुरी अजय बाबू, ज्ञानेश्वरी यादव, हरजिंदर कौर, गुलवीर सिंह, मोहम्मद बासिल मोर्सिंगनकाथ, सर्वेश अनिल कुशारे आ मुरली श्रीशंकर सिल्वर मेडल जीतले बा लोग। बिंद्यारानी देवी सोरोखाइबम, झंडू कुमार आ शिल्पा कंचुगाराकोप्पलु शैला भारत खातिर कांस्य पदक जीतले बा लरे।

Read Also: UP Weather : अगस्त के सुरुआत में यूपी में होई झमाझम बरखा, 48 घंटा तक सीमित रही मानसून

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]