मुंबई से न्यूयॉर्क जा रहल एयर इंडिया के फ्लाइट के मिलल बम से उड़ावे के धमकी, बीच हवा में कइल गइल डायवर्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 14, 2024

    एयर इंडिया के उड़ान के लेके बड़ खबर सामने आ रहल बा। मुंबई से न्यूयार्क जाए वाली एयर इंडिया के एगो उड़ान के बम के धमकी मिलल बा जवना के बाद जल्दबाजी में

Share

एयर इंडिया के फ्लाइट के मिलल बम से उड़ावे के धमकी: फोटो

 

 

एयर इंडिया के उड़ान के लेके बड़ खबर सामने आ रहल बा। मुंबई से न्यूयार्क जाए वाली एयर इंडिया के एगो उड़ान के बम के धमकी मिलल बा जवना के बाद जल्दबाजी में ओकरा के हवा के बीच से दिल्ली के ओर मोड़ दिहल गईल बा। जल्दिये उड़ान आईजीआई हवाई अड्डा पs आपातकालीन लैंडिंग कs लिहलस. इs जानकारी दिल्ली पुलिस देले बिया।

दिल्ली पुलिस के मुताबिक बम के धमकी मिलला के बाद मुंबई से न्यूयार्क जाए वाली एयर इंडिया के उड़ान के सुरक्षा के चलते दिल्ली के ओर मोड़ दिहल गईल बा। फिलहाल इs विमान आईजीआई हवाई अड्डा पs बा। फ्लाइट से सगरी यात्री आ फ्लाइट क्रू के उतारल गइल बा आ विमान के तलाशी लिहल जा रहल बा.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.