प्लेन क्रैश होले से 297 लोगन के मउत, आज पीएम मोदी जइहें हादसा वाला जगह

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 13, 2025

अहमदाबाद में भईल विमान दुर्घटना में अबे ले 297 लोग के मउत के पुष्टि हो चुकल बा। विमान में सवार 242 लोग में से 241 लोग के मउत हो चुकल बा। दुर्घटना में मात्र एक

Share

अहमदाबाद में भईल विमान दुर्घटना में अबे ले 297 लोग के मउत के पुष्टि हो चुकल बा। विमान में सवार 242 लोग में से 241 लोग के मउत हो चुकल बा। दुर्घटना में मात्र एक यात्री बाच गईल। मरे वाला में से 229 लोग यात्री रहले, जबकि 12 लोग विमान के चालक दल के सदस्य रहले। एकरा अलावे जवना मेडिकल कॉलेज हॉस्टल में विमान दुर्घटनाग्रस्त भईल रहे, उहाँ मौजूद 56 लोग के जान भी चल गईल। पीएम मोदी आजु घटना स्थल के दौरा करीहें. काल्हु गृहमंत्री अमित शाह मौका पs पहुंच के स्थिति के जायजा लेले। एही बीच विमान दुर्घटना के जांच भी तेज हो गईल बा। जांच खातीर सरकार एगो उच्च स्तरीय समिति बनवले बिया।

भूकंप जइसन लागल – प्रत्यक्षदर्शी

अहमदाबाद में एयर इंडिया के एआई-171 दुर्घटना स्थल के नजदीक आवासीय कॉलोनी में रहेवाला एगो स्थानीय अपना देखल बात के बखान कईले बाड़े। उs व्यक्ति बतवले कि जब दुर्घटना भईल तs भूकंप निहन लागल। हम तुरंत मौका पs पहुंच गईनी। हादसा के तेज आवाज सुनला के बाद पास से लोग जमा हो गईले।

एयर इंडिया के एमडी अवुरी सीईओ अहमदाबाद पहुंचले

एयर इंडिया के एमडी अवुरी सीईओ कैंपबेल विल्सन अहमदाबाद में एआई-171 विमान दुर्घटना स्थल पs पहुंचले। इहाँ उs दुर्घटना स्थल पs दुर्घटना के कारण के जायजा लीहे।

जानत बानी कि अब क्षतिग्रस्त मेडिकल कॉलेज कैंपस कइसन लागत बा

अहमदाबाद के क्षतिग्रस्त मेडिकल कॉलेज परिसर के वीडियो आजु सबेरे सामने आइल बा. जहां बियफ़ें के दुपहरिया में 242 यात्री के लेके लंदन जाए वाला एयर इंडिया के विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गईल। एह हादसा में कुल 297 लोग के जान जा चुकल बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.