दिल्ली कोचिंग सेंटर में हादसा के बाद, 13 गो कोचिंग सेंटर सील, मालिक गिरफ्तार

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 29, 2024

नई दिल्ली : दिल्ली के राजेन्द्र नगर में कोचिंग सेंटर में भइल दुर्घटना के बाद 13 कोचिंग सेंटर, जवन कि इमारत के बेसमेंट में चलावल जात रहे, ओकरा के सील कऽ दिहल गइल। एह मामला

Share

नई दिल्ली : दिल्ली के राजेन्द्र नगर में कोचिंग सेंटर में भइल दुर्घटना के बाद 13 कोचिंग सेंटर, जवन कि इमारत के बेसमेंट में चलावल जात रहे, ओकरा के सील कऽ दिहल गइल। एह मामला में पांच गो आरोपी के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल बा। जवना में चार गो बिल्डिंग मालिक आ एगो थार वाहन मालिक शामिल बाड़े। गिरफ्तार आरोपी के नाम सरबजीत सिंह, तेजिंदर सिंह, परविंदर सिंह अवुरी हरविंदर सिंह बा। इहे चारो भवन के मालिक हऽ लो।

एक करोड़ के मुआवजा राशि दिहल जाई 

दिल्ली के राजेन्द्र नगर में छात्रन से भइल दुर्घटना के बाद पुलिस एह मामिला में कार्रवाई कइलस आ पाँच गो आरोपियन के गिरफ्तार कऽ लेहलस। एही बीच विद्यार्थियन के विरोध प्रदर्शनो जारी बा एह घटना में मरेवाला लोग के परिवार के एक-एक करोड़ रुपया के मुआवजा के रकम दिहल जाई आ घायल लोग के पचास लाख रुपया दिहल जाई।

एह सब पर कार्रवाई कइल गइल बा

करोल बाग में इस्थित 13 कोचिंग सेंटर के सील कर दिहल गइल बा। ई सब कोचिंग बिल्डिंग के बेसमेंट में चलावल जात रहे। भवन मालिक, कोचिंग संचालक आ समन्वयक के खिलाफ कार्रवाई कइल गइल बा।

का बा मामला

दिल्ली के ओल्ड राजेंद्र नगर इस्थित कोचिंग सेंटर राव आईएएस स्टडी सर्किल के बेसमेंट में संचालित कोचिंग में तीन गो छात्रन के पानी में डूबे से मौत हो गइल। कोचिंग के सामने के सड़क पs पानी जमल रहे, बड़ गाड़ियन के यू- टर्न लेवे के दबाव के कारण पानी बेसमेंट के अंदर कांच के दरवाजा के तूड़ के, अचानक भर गइल। उहाँ करीब 35 छात्र- छात्रा उपस्थित रहलें। पानी के तेज बहाव के कारण शॉर्ट सर्किट से बिजलीयो चलल गइल। दु गो छात्रा आ एक छात्र के ओहिजा डूबके मौत हो गइल।

सब छात्र आईएएस के तइयारी करत रहले

मरेवाला में उत्तर प्रदेश के श्रेया यादव, बिहार के औरंगाबाद निवासी तान्या सोनी, केरल के छात्र नेविन डालविन शामिल बाड़े। सभे छात्र आईएएस के तइयारी खातिर कोचिंग में पढ़त रहले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.