Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

GATE 2024: गेट परिणाम के बाद अब स्कोर कार्ड के इंतजार, 23 मार्च से कइल जा सक डाउनलोड; जानीं आगे के प्रोसेस

482

GATE 2024 Result: भारतीय विज्ञान संस्थान (IISc बैंगलोर) 16 मार्च के देर सांझ गेट परीक्षा परिणाम जारी कs देले बा। स्नातकोत्तर कार्यक्रमन में प्रवेश खातिर जे केहू अभ्यर्थी गेट परीक्षा में सामिल भइल रहे लो, ऊ आधिकारिक वेबसाइट gate2024.iisc.ac.in पs जाके आप परिणाम देख सकत बा लो। आईआईएससी 23 मार्च के आधिकारिक वेबसाइट पs उम्मीदवारन के स्कोर कार्ड केे अपलोड कs दी।

GATE 2024 Scorecard: 23 मार्च से डाउनलोड कइल जा सकी स्कोर कार्ड

अभ्यर्थी 23 मार्च से आधिकारिक वेबसाइट पs जाके आपन स्कोर कार्ड डाउनलोड कs सकी लो। गेट स्कोर के उपयोग आईआईएससी बैंगलोर सहित आउर प्रतिभागी आईआईटी आ एनआईटी कावर से प्रस्तावित कार्यक्रमन में प्रवेश लेवे खातिर कइल जा सकी।

GATE Scorecard Validity: तीन साल तक वैध रही स्कोर कार्ड

GATE 2024 के स्कोरकार्ड परिणाम के घोषणा के तारीख माने 16 मार्च, 2024 से तीन साल तक वैध रही। स्कोर कार्ड में उम्मीदवार के नाम आ पता, प्राप्त अंक, योग्यता अंक, गेट स्कोर, अखिल भारतीय रैंक आ पेपर में उपस्थित होखे वाला उम्मीदवारन के संख्या जइसन विवरण होई।

गेट स्कोर वेटेज

भाग लेवे वाला संस्थान उम्मीदवारन के ओह लोगन के गेट स्कोर, व्यक्तिगत साक्षात्कार आ शैक्षणिक प्रदर्शन के आधार पs पीजी कार्यक्रमन में प्रवेश दिही। GATE 2024 स्कोर के 70% वेटेज मिली, जबकि PI आ शैक्षणिक प्रदर्शन के 30% वेटेज मिली। एकरा अलावे, गेट स्कोर के उपयोग सार्वजनिक क्षेत्र के उपक्रमन (PSUs) कावर से भर्ती प्रक्रिया खतिरो कइल जाई।

GATE स्कोर कार्ड 2024 कइसे डाउनलोड करीं

23 मार्च के स्कोर कार्ड जारी हो गइला के बाद अभ्यर्थी एह चरणन के पालन कs के स्कोरकार्ड डाउनलोड कs सकी लो:

  • आधिकारिक वेबसाइट gate2024.iisc.ac.in पs जाई।
  • GATE 2024 स्कोर कार्ड लॉगिन लिंक पs क्लिक करीं।
  • नामांकन आईडी, ईमेल पता आ पासवर्ड दर्ज करीं।
  • स्कोर कार्ड प्रदर्शित कइल जाई।
  • आपन स्कोरकार्ड डाउनलोड करीं आ भविष्य के संदर्भ खातिर एकर एहो प्रिंटआउट ले लीं।
768050cookie-checkGATE 2024: गेट परिणाम के बाद अब स्कोर कार्ड के इंतजार, 23 मार्च से कइल जा सक डाउनलोड; जानीं आगे के प्रोसेस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.