दुर्गा विसर्जन के बाद बिहार में भइल 4 हाथ-पैर वाला बच्चा के जन्म

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 14, 2024

बिहार के अररिया जिला के भरगामा प्रखंड में चार हाथ चार गोड़ अउरी तीन कान वाला बच्चा के जन्म भइल। स्थानीय लोग एकरा के दिव्य चमत्कार कह रहल बाड़े। लोग लइका के भगवान के अवतार

Share

बिहार के अररिया जिला के भरगामा प्रखंड में चार हाथ चार गोड़ अउरी तीन कान वाला बच्चा के जन्म भइल। स्थानीय लोग एकरा के दिव्य चमत्कार कह रहल बाड़े। लोग लइका के भगवान के अवतार कह रहल बा। असल में भरगामा प्रखंड के रहदिया वार्ड नम्बर 9 निवासी किशोर राय के पत्नी सुलेखा देवी रानीगंज सामुदायिक अस्पताल में एगो बच्चा के जन्म देले बाड़ी। जेकर एक माथा चार हाथ चार गो गोड़ आ तीन कान बा। गाँव के लोग के कहनाम बा कि देवी दुर्गा के विसर्जन के बाद ए बच्चा के जन्म देवी दुर्गा के आगमन हऽ।

महिला लोग के कहनाम रहे कि माई के अपार कृपा के चलते विसर्जन के बाद देवी दुर्गा फिर से आपन रूप धारण कऽ के एह माई के गर्भ से जन्म लेहली। जवना से पूरा गांव के रक्षा होई। मिलल जानकारी के मुताबिक जन्म के बाद दूर-दूर से आके लोग पूजा कर रहल बाड़े आ चंदो दे रहल बाड़े।

गाँव के लोग प्रकृति के चमत्कार बतवले

स्थानीय गांव के लोग बतवले कि ए अद्भुत बच्चा के जन्म के बाद कुछ लोग एकरा के प्रकृति के चमत्कार कहतारे तऽ कुछ लोग एकरा के भगवान के अवतार कहतारे। अस्पताल से लेके रहदिया गांव तक एह बच्चा के देखे खातिर लोग के भीड़ बा। नर्स परिवार के जानकारी देली कि बच्चा सामान्य नइखे, बलुक एगो अनोखा बच्चा हऽ। बच्चा के जन्म के खबर पूरा इलाका में आग नियन फइल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.