Breaking : बांग्लादेश के हरा अफगानिस्तान T-20 वर्ल्ड कप के सेमीफाइनल में, ऑस्ट्रेलिया बाहर

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 25, 2024

खबर भोजपुरी स्पोर्ट्स डेस्क: अफगानिस्तान ICC टी-20 वर्ल्ड कप 2024 के सुपर-8 स्टेज के आखिरी मुकाबला में बांग्लादेश के आठ रन से हरा देलस। एही के संगे अफगान टीम सेमीफाइनल में पहुंच गइल बिया। अफगानिस्तान

Share

खबर भोजपुरी स्पोर्ट्स डेस्क: अफगानिस्तान ICC टी-20 वर्ल्ड कप 2024 के सुपर-8 स्टेज के आखिरी मुकाबला में बांग्लादेश के आठ रन से हरा देलस। एही के संगे अफगान टीम सेमीफाइनल में पहुंच गइल बिया।

अफगानिस्तान टॉस जीतके पहिले बैटिंग के फैसला लेलस आ बांग्लादेश के 116 रन के टारगेट देले रहे। हालांकि मैच में बारिश के बाद एक ओवर काट लिहल गइल आ बांग्लादेश के रिवाईजड टारगेट 19 ओवर में 114 रन के टारगेट मिलल। लिट्टन दास के संघर्षपूर्ण अर्धशतकीय प्रयास के आखिर में नवीन उल हक लगातार दु गेना में नवा आ दसवा विकेट लेके नाकाम कs देलें।

सुपर आठ में खाली भारत से हारल अफगानिस्तान

बता दीं कि लीग स्टेज में न्यूजीलैंड के बाहर करे वाली अफगानिस्तान के टीम सुपर आठ में सानदार खेल देखवलस। पहिला मैच में ओकरा भलहीं भारत से 47 रन से हार मिलल, दुसरका मैच में ऑस्ट्रेलिया के हरा के टीम इतिहास रच देलस। भारत से ऑस्ट्रेलिया के हार बाद अफगानिस्तान के खाली बांग्लादेश के ऊपर जीत के जरूरत रहे।

अब सेमीफाइनल के दुनो मैच तय हो गइल बा। भारत के सामना इंग्लैंड से आ अफगानिस्तान के सामना दक्षिण अफ्रीका से होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.