आदित्य मल्टीकॉम के CA के ED कइलस गिरफ्तार: अवैध बालू खनन ममिला में एक्शन

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 2, 2024

अवैध बालू खनन ममिला में ED बड़ कारवाई कइले बिया। ED आदित्य मल्टीकॉम के CA जयनारायण गुप्ता के कोलकाता से गिरफ्तार कइलस। सूत्रन के अनुसार एकरा लगे से 35 लाख कैशो बरामद भइल बा, जवन

Share

ED आदित्य मल्टीकॉम के CA जयनारायण गुप्ता के कोलकाता से गिरफ्तार कइले बा। एकरा लगे से 35 लाख कैशो बरामद भइल बा, जवन एकरा ठिकाना से मिलल बा।

अवैध बालू खनन ममिला में ED बड़ कारवाई कइले बिया। ED आदित्य मल्टीकॉम के CA जयनारायण गुप्ता के कोलकाता से गिरफ्तार कइलस। सूत्रन के अनुसार एकरा लगे से 35 लाख कैशो बरामद भइल बा, जवन एकरा ठिकाना से मिलल बा। एकरा के कोलकाता के वाटरलू स्ट्रीट इस्थित ऑफिस से पकड़ल गइल बा।

जय नारायण गुप्ता से सुरुआती पूछताछ भइल रहे। ओकरा ठिकाना से बरामद कैश के बारे में सवाल पूछल गइल। कैश के बारे में सही जानकारी ना देला के बाद ओकरा के गिरफ्तार कs लिहल गइल। संगही कैश के जब्त कs लिहल गइल रहे। ED के सूत्रन के अनुसार CA जयनारायण गुप्ता आदित्य मल्टीकॉम कंपनी के पूरा फाइनेंशियल बिजनेस देखेला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.