लखनऊ में हत्या आ रेप के कोशिश के आरोपी एनकाउंटर में मारल गइल, एक लाख रुपिया घोषित रहे इनाम

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 22, 2025

उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ में पुलिस मुठभेड़ में हत्या अवुरी महिला के संगे बलात्कार के कोशिश के आरोपी के मउत हो गईल।  जानकारी के मुताबिक लखनऊ के आलमबाग बस स्टैंड से एगो महिला के

Share

लखनऊ में हत्या आ रेप के कोशिश के आरोपी के एनकाउंटर

उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ में पुलिस मुठभेड़ में हत्या अवुरी महिला के संगे बलात्कार के कोशिश के आरोपी के मउत हो गईल।  जानकारी के मुताबिक लखनऊ के आलमबाग बस स्टैंड से एगो महिला के अपहरण अवुरी मलिहाबाद में डकैती, हत्या अवुरी बलात्कार के प्रयास करे के आरोपी ऑटो चालक अजय द्विवेदी के पुलिस मुठभेड़ में मउत हो गईल बा।  आरोपी अजय के शुक के एक लाख रुपया के इनाम के घोषणा भईल। 

पीड़िता के मोबाइल फोन बरामद

जानकारी के मुताबिक पुलिस मुठभेड़ में मारल गईल आरोपी अजय द्विवेदी से दिवंगत पीड़िता के मोबाइल फोन भी बरामद भईल बा।  पुलिस मुठभेड़ में घाही आरोपी के अस्पताल पहुंचावल गईल।  जहां अजय के मउत हो गईल। 

सात पुलिसकर्मी एह मामला में बियफ़ें के भइल रहले सस्पेंड

एही मामला में बियफ़ें के आलमबाग थाना के प्रभारी निरीक्षक समेत सात पुलिसकर्मी के निलंबित कs दिहल गईल।  डीसीपी क्राइम कमलेश दीक्षित बतवले कि मामला के गंभीरता के देखत आलमबाग थाना प्रभारी कपिल गौतम, पुलिस चौकी बस स्टैंड सब इंस्पेक्टर राम बहादुर, रात के ड्यूटी पs तैनात नाइट ऑफिसर सब इंस्पेक्टर कामरुज्जा, दुगो हेड कांस्टेबल राजेश कुमार अवुरी विजय यादव, नाइट ड्यूटी पs तैनात पीआरवी 4821 के कमांडर शिव नंद सिंह अवुरी हेड कांस्टेबल पंकज यादव समेत सात पुलिसकर्मी के निलंबित कs दिहल गइल.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.