बीजेपी सांसद बृजभूषण शरण सिंह के बेटा के काफिला के कार से एक्सीडेंट

By Anurag Ranjan

Published on: May 29, 2024

  भाजपा सांसद बृज भूषण शरण सिंह के बेटा आ भाजपा उम्मीदवार करण भूषण शरण सिंह के काफिला के कार से एगो बड़हन हादसा हो गइल बा. फॉर्च्यूनर कार 3 गो लईकन के कुचल देले

Share

 

भाजपा सांसद बृज भूषण शरण सिंह के बेटा आ भाजपा उम्मीदवार करण भूषण शरण सिंह के काफिला के कार से एगो बड़हन हादसा हो गइल बा. फॉर्च्यूनर कार 3 गो लईकन के कुचल देले बा। एह हादसा में दू गो लईका के मउत हो गइल बा आ एगो घवाहिल हो गइल बा.

दुर्घटना कहाँ भइल?

ई हादसा यूपी के गोंडा के कर्नलगंज हुजूरपुर रोड पs बैकुंठ डिग्री कॉलेज के लगे भइल. मौका पs भारी भीड़ जुट गईल बा अवुरी गांव के लोग फॉर्च्यूनर कार के अपना कब्जा में ले लेले बाड़े। मौका पs भारी संख्या में पुलिस बल पहुंचल बा अवुरी लईका के शव के कब्जा में लिहल गईल बा।

 

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.