सोदिया के फेर लागल झटका, एह तारीख ले बढ़ावल गईल न्यायिक हिरासत

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 15, 2024

    आम आदमी पार्टी के नेता आ दिल्ली के उपमुख्यमंत्री रहल मनीष सिसोदिया के एक बेर फेरु कोर्ट से झटका मिलल बा. दिल्ली शराब नीति से जुड़ल सीबीआई के मामला में राउस एवेन्यू कोर्ट

Share

 

 

आम आदमी पार्टी के नेता आ दिल्ली के उपमुख्यमंत्री रहल मनीष सिसोदिया के एक बेर फेरु कोर्ट से झटका मिलल बा. दिल्ली शराब नीति से जुड़ल सीबीआई के मामला में राउस एवेन्यू कोर्ट दिल्ली के पूर्व उपमुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया के न्यायिक हिरासत 22 जुलाई ले बढ़ा देले बिया.बता दीं कि मनीष सिसोदिया के वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से कोर्ट में पेश कइल गइल।  एह मामिला के अगिला सुनवाई 22 जुलाई के राउस एवेन्यू कोर्ट में होखी.

सुप्रीम कोर्ट के दरवाजा भी खटखटवले बाड़े

हाल ही में दिल्ली शराब घोटाला के मामला में जमानत खातीर दिल्ली हाईकोर्ट से निराश भईल दिल्ली के पूर्व डिप्टी सीएम मनीष सिसोदिया सुप्रीम कोर्ट में संपर्क कईले रहले। मनीष सिसोदिया अपना जमानत खातिर सुप्रीम कोर्ट में अपील कइले रहले. सुप्रीम कोर्ट में दिल्ली के डिप्टी सीएम रहल आ आम आदमी पार्टी के नेता मनीष सिसोदिया दिल्ली हाईकोर्ट के फैसला के चुनौती देत ​​सीबीआई आ ईडी केस में जमानत के मांग कइले रहले.

सिसोदिया के पिछला साल गिरफ्तार कs लिहल गइल रहे

बता दीं कि दिल्ली के डिप्टी सीएम रहल आ आम आदमी पार्टी के नेता मनीष सिसोदिया के पिछला साल दिल्ली आबकारी नीति के मामिला में 26 फरवरी के सीबीआई आ 9 मार्च के ईडी गिरफ्तार कs लिहले रहुवे. एकरा बाद उs केजरीवाल के मंत्रिमंडल से इस्तीफा दे देले। वर्तमान में सिसोदिया तिहाड़ जेल में बंद बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.