[the_ad_group id="30365"]

Lalu Yadav Health : राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के तबीयत बिगड़ल, आज दिल्ली एम्स में होई इलाज

RJD chief Lalu Prasad Yadav gets relief as the Supreme Court dismisses the CBI plea challenging his bail in the fodder scam case.
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना। राष्ट्रीय जनता दल (राजद) के प्रमुख लालू प्रसाद यादव के तबीयत बिगड़े के खबर सामने आइल बा। ब्लड प्रेशर में उतार-चढ़ाव के शिकायत के बाद उनकर पटना के इंदिरा गांधी आयुर्विज्ञान संस्थान (IGIMS) में इलाज करावल गइल। डॉक्टर लोग प्राथमिक इलाज के बाद उनकर हालत इस्थिर बतवले बा। अब बेहतर इलाज खातिर उनका के नई दिल्ली इस्थित एम्स (AIIMS) ले जाये के तइयारी बा।

IGIMS में भइल स्वास्थ्य जांच

सुक के सांझ तबीयत खराब होखला पs लालू प्रसाद यादव के पटना के आईजीआईएमएस में भरती करावल गइल। अस्पताल में विशेषज्ञ डॉक्टरन के टीम उनकर विस्तृत स्वास्थ्य जांच कइलस। इलाज के बाद तबीयत सामान्य होखला पs अस्पताल से छुट्टी दे दिहल गइल।

डॉक्टर लोग सलाह दिहल कि ऊ घर पs आराम करस आ लगातार स्वास्थ्य निगरानी में रहस। एह बीच फैसला लिहल गइल कि आगे के इलाज खातिर उनका के दिल्ली एम्स ले जाइल जाई।

आज दिल्ली एम्स में होई इलाज

राजद सांसद आ लालू प्रसाद यादव के बेटी मीसा भारती बतवली कि सनिचर के उनकर पिता के एम्स, नई दिल्ली ले जाइल जाई, जहां विशेषज्ञ डॉक्टर उनका स्वास्थ्य के दोबारा जांच करी लोग आ जरूरत पड़ला पs आगे के इलाज सुरू करी लो। लालू प्रसाद यादव के स्वास्थ्य के लेके समर्थक आ पार्टी कार्यकर्ता लगातार जानकारी ले रहल बा लो।

मीसा भारती सफाई बेवस्था पs उठवली सवाल

एह दौरान मीसा भारती पटना के कौटिल्य नगर इलाका के सफाई बेवस्था पs सवाल उठवली। उनकर कहनाम रहे कि नया घर के आसपास साफ-सफाई के इस्थिति संतोषजनक नइखे। हालांकि ऊ इहो कहली कि जदि ऊ एह मुद्दा पs खुल के बोलिहें तs लोग ओकर राजनीतिक मतलब निकाल सकेला।

हाले में नया घर में शिफ्ट भइल परिवार

गौर करे लायक बा कि लालू प्रसाद यादव आ बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी हाले में करीब दू दशक बाद 10 सर्कुलर रोड वाला सरकारी आवास छोड़के अपना निजी घर कौटिल्य नगर में शिफ्ट भइल बा लो। पुरान सरकारी आवास अब बिहार सरकार के पशु आ मत्स्य संसाधन मंत्री नंद किशोर राम के आवंटित कइल गइल बा।

समर्थकन के नजर स्वास्थ्य अपडेट पs

अब राजद समर्थकन के सामिल लालू प्रसाद यादव के तबीयत पs लगातार नजर बनल बा। पार्टी कार्यकर्ता आ सुभचिंतक उनका जल्द स्वस्थ होखे के कामना करत बा लोग। अब सब केहू के नजर दिल्ली एम्स में होखे वाला चिकित्सकीय जांच आ डॉक्टरन के अगिला मेडिकल अपडेट पs टिकल बा।

Read Also: Mission Aagman : भारत के पहिला निजी ऑर्बिटल रॉकेट विक्रम-1 के सफल लॉन्च, अंतरिक्ष क्षेत्र में बनल नया इतिहास

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]