7 महीना के बच्चा ‘प्रेगनेंट’ ? अचानक पेट फूले लागल, फीटस-इन-फीटू का होला?

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 21, 2024

देहरादून में सात महीना के बच्चा के पेट में इंसान के भ्रूण मिलला के बाद हलचल मच गइल। हालांकि डॉक्टर ऑपरेशन के माध्यम से बच्चा के पेट से भ्रूण के निकाल देले बाड़े। अब ऊ

Share

देहरादून में सात महीना के बच्चा के पेट में इंसान के भ्रूण मिलला के बाद हलचल मच गइल। हालांकि डॉक्टर ऑपरेशन के माध्यम से बच्चा के पेट से भ्रूण के निकाल देले बाड़े। अब ऊ पूरा तरह से स्वस्थ हो गइल बाड़े।

 हाइलाइट 

  •  देहारदून में 7 महीने के बच्चा के पेट में मिलल मानव भ्रूण।
  •  डॉक्टर ऑपरेशन क बच्चा के पेट से इंसान के भ्रूण के निकाल देले।

 

देहरादून : उत्तराखंड के देहरादून में एगो चौंकावे वाला मामला सोझा आईल बा, जहां सात महीना के बच्चा के पेट में इंसान के भ्रूण पैदा भइल बा। बच्चा के पेट अचानक बढ़े लागल रहे, जवना के चलते ओकर परिवार के लोग चिंतित रहले। जब ऊ लोग बच्चा के डॉक्टर के देखवले तs पता चलल कि बच्चा के पेट में भ्रूण बा। हालांकि ऑपरेशन के बाद बच्चा के पेट से इंसान के भ्रूण निकालल गइल बा। ए मामिला के बारे में डॉक्टर के कहनाम बा कि ए प्रकार के मामिला के फीटस-इन-फीटू कहल जाला, जवन कि कई लाख में से एक बच्चा के संगे होखेला।

लाइव हिंदुस्तान के रिपोर्ट के मुताबिक, देहरादून के स्वामी हिमालयन मेडिकल कॉलेज के बाल रोग विशेषज्ञ डॉ. संतोष सिंह ए मामिला के जानकारी देत कहले कि, ‘7 महीना के बच्चा के माता-पिता उनका के इहाँ ले आइल रहले।’ पेट अचानक बढ़ गइल। शुरुआती जांच के दौरान हमनी के लागल कि बच्चा के पेट में कुछ असामान्य गांठ हो सकता। बाकी जब एक्स-रे भइल तs पता चलल कि बच्चा के पेट में भ्रूण बा। जवना के जानकारी उनका परिवार के लोग के दिहल गइल आ ओकरा बाद ऑपरेशन के तैयारी शुरू भईल। एकरा बाद ऑपरेशन के माध्यम से भ्रूण के बाहर निकालल गइल। अब पीड़ित बच्चा एकदम ठीक बा।

डाक्टर लोग के कहनाम बा कि भ्रूण में भ्रूण मनुष्य के भ्रूण के विकास के एगो असामान्य घटना हs। एह में भ्रूण के बिकास के दौरान कुछ अज्ञात कारण से एक भ्रूण के बिकास दुसरा भ्रूण के भीतर होखे लागे ला। एकर पता खुद महतारी के पेट में अल्ट्रासाउंड के माध्यम से लगावल जा सकता। बाकी अधिकांश मामला में ई जानकारी बच्चा के जन्म के बाद ही पता चलेला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.