MP: जबलपुर में भीषण सड़क हादसा, महाकुंभ से लौट रहल छह लोगन के मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 24, 2025

जबलपुर : जिला के सिहोरा तहसील के पहेरवा में भईल एगो भयानक सड़क दुर्घटना में 6 लोग के मउत हो गईल अवुरी बहुत लोग घाही हो गईले।  जानकारी के मुताबिक सोमार के सबेरे एनएच-7 पs

Share

जबलपुर में भीषण सड़क हादसा

जबलपुर : जिला के सिहोरा तहसील के पहेरवा में भईल एगो भयानक सड़क दुर्घटना में 6 लोग के मउत हो गईल अवुरी बहुत लोग घाही हो गईले।  जानकारी के मुताबिक सोमार के सबेरे एनएच-7 पs खितौला थाना के पहरेवा गांव के नजदीक भईल इs भयानक सड़क दुर्घटना भइल. सवारी बस अवुरी एसयूवी कार के बीच भईल भारी टक्कर में एसयूवी कार के टुकड़ा-टुकड़ा कS दिहलस अवुरी ओकरा में सवार 6 लोग के मौका पs मउत हो गईल। एह हादसा में दू जने गंभीर रूप से घायल हो गइल बाड़े जिनका के मेडिकल कॉलेज एंड अस्पताल जबलपुर रेफर कs दिहल गइल बा.

प्रयागराज से दर्शन कर के भक्त वापस आवत रहले

प्रयागराज के महाकुंभ में स्नान-दर्शन कs के भक्त कार से लवटत रहले कि सोमार के सबेरे साढ़े चार बजे उनुकर गाड़ी के एगो भयानक सड़क दुर्घटना हो गईल। इs सब भक्त कर्नाटक के निवासी रहले अवुरी घरे लवटत रहले।  दुर्घटना के जानकारी मिलते सिहोरा-खितौला पुलिस मौका पs पहुंचल अवुरी दुर्घटना के कारण के जांच में जुटल बिया।

मरेवाला लोग के पहचान विरुपक्सि गुमती, बस्वराज कुरति, बालाचंद्र अवुरी राजू के रूप में भईल बा। घाही के पहचान सदाशिव अवुरी मुस्ताफ के रूप में भईल बा।  बता दीं कि 11 फरवरी के एही रूट पs एगो ट्रैवलर ट्रेन ट्रक से टकरा गइल रहे जवना में आंध्र प्रदेश के आठ गो भक्तन के मौत हो गइल रहे.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.