एह राज्य में सुरक्षाबल आ नक्सलियन के बीच भीषण मुठभेड़… 

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 5, 2024

  बियफ़ें के देश के अलग-अलग राज्य में सक्रिय नक्सली चाहे माओवादी के समाप्त करे में सुरक्षा बल के बहुत सफलता मिलल। खबर के मुताबिक तेलंगाना के भद्राद्रि कोठागुडेम जिला में पुलिस के संगे भईल

Share

सुरक्षाबल 6 नक्सलियन के मार गिरवले : फोटो

 

बियफ़ें के देश के अलग-अलग राज्य में सक्रिय नक्सली चाहे माओवादी के समाप्त करे में सुरक्षा बल के बहुत सफलता मिलल। खबर के मुताबिक तेलंगाना के भद्राद्रि कोठागुडेम जिला में पुलिस के संगे भईल मुठभेड़ में 6 माओवादी के मउत अवुरी दु सुरक्षाकर्मी घाही हो गईले। पुलिस सूत्र से मिलल जानकारी के मुताबिक एs जवान में से एक जवान के हालत गंभीर बा अवुरी उनुकर इलाज चलता।

बियफ़ें के सबेरे भईल मुठभेड़

तेलंगाना राज्य के भद्राद्रि कोठागुडेम जिला के अधीक्षक रोहित राज जानकारी देले रहले की बियफ़ें 5 सितंबर के सबेरे भद्राद्रि कोठागुडेम जिला में पुलिस आ माओवादी के बीच मुठभेड़ भईल। कुछ समय बाद जानकारी सामने आईल कि ए मुठभेड़ में 6 नक्सली के मउत हो चुकल बा। एकरा संगे दु जवान भी घायल हो चुकल बाड़े। अउरी जानकारी के इंतजार बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.