पीएम मोदी के हस्तक्षेप के बाद रूसी सेना में फंसल 45 भारतीय मुक्त

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 13, 2024

    प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के हस्तक्षेप के बाद रूसी सेना में फंसल 45 गो भारतीयन के मुक्त कs दिहल गइल बा. भारतीय विदेश मंत्रालय के कहल बा कि रूसी सेना से 45 गो भारतीयन

Share

 

 

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के हस्तक्षेप के बाद रूसी सेना में फंसल 45 गो भारतीयन के मुक्त कs दिहल गइल बा. भारतीय विदेश मंत्रालय के कहल बा कि रूसी सेना से 45 गो भारतीयन के राहत मिल गइल बा आ जल्दिए करीब 50 गो अउरी भारतीयन के वापस ले आवे के कोशिश जारी बा. विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता रणधीर जायसवाल मीडिया ब्रिफिंग में कहले कि जुलाई में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के ओर से रूस के राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन के सोझा एs मुद्दा के उठावे के बाद 45 में से 35 भारतीय के राहत मिल गईल बा।

रूसी सेना में भर्ती भारतीयन के मुद्दा भारत-रूस संबंध में एगो चिपकल बिंदु के रूप में सामने आइल बा। पीएम मोदी जुलाई में रूस यात्रा के दौरान मास्को में रूस के राष्ट्रपति पुतिन से बातचीत के दौरान रूसी सेना में सेवारत भारतीय नागरिकन के जल्दी राहत देवे के मुद्दा कड़ा तरीका से उठवले रहले। एकरा बाद रूस के राष्ट्रपति अपना सेना के अफसरन के आदेश दिहलन कि ई काम जल्दी से पूरा कs लेव.

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.