Alert: बीआरडी में डेंगू के 37 मरीजन के भइल इलाज, गोरखपुर आ बस्ती मंडल में लगातार बढ़ रहल बा ममिला 

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 22, 2022

पूर्वांचल में डेंगू के ममिला लगातार बढ़त जा रहल बा। गोरखपुर आ बस्ती मंडल में पिछिला डेढ़ महीना में डेंगू के 37 मरीज मिल चुकल बाड़े। एह मरीजन के इलाज बीआरडी मेडिकल कॉलेज में चल

Share

पूर्वांचल में डेंगू के ममिला लगातार बढ़त जा रहल बा। गोरखपुर आ बस्ती मंडल में पिछिला डेढ़ महीना में डेंगू के 37 मरीज मिल चुकल बाड़े। एह मरीजन के इलाज बीआरडी मेडिकल कॉलेज में चल रहल बा। चिंता के बात ई बा कि एमे 12 मरीज जिला के रहे वाला बाड़े।

जानकारी के मोताबिक, जिला में डेंगू के ममिला सबसे अधिका सितंबर में मिलल बा। एह महीना अब तक सात मरीज मिलल बा लो। एमे पांच मरीजन के इलाज बीआरडी मेडिकल कॉलेज में भइल बा। एह मरीजन में तीन गो शहरी आ दु गो ग्रामीण क्षेत्र के रहे वाला बा लो। मरीजन में चार साल के मासूमो शामिल बा, जवन पुलिस लाइंस के रहे वाला बा। बतावाल जा रहल बा कि पुलिस लाइंस में स्थिति बहुते खराब बा। बाकिर, उहां पs छिड़काव नइखे हो पावत। ओहिजा, तुर्कमानपुर, गुलरिहा बाजार, खजनी, पिपराइचो में डेंगू के मरीज मिलल बा लो।

कुशीनगर के आठ आ देवरिया के सात मरीज रहे लो भर्ती

बीआरडी मेडिकल कॉलेज स्वास्थ विभाग के डेंगू के 37 मरीजन के सूची सउपले बा। एमे गोरखपुर के 12 मरीजन के अलावे कुशीनगर के आठ मरीज शामिल बा लो संगही सात मरीज देवरिया के बा लो। महाराजगंज आ संत कबीर नगर के तीन-तीन मरीजन के इलाज बीआरडी में चल रहल बा। ओहिजा बिहार के चार मरीजन में डेंगू के पुष्टि भइल बा।

डेंगू के लार्वा मिलल

शेखपुर वार्ड के पार्षद संजीव सिंह सोनू के शिकायत पs स्वास्थ विभाग के टीम दीवान दयाराम में जांच कइलस। एह दौरान गमलन आ कबाड़ में पानी मिलल, जेकर जांच कइला पs डेंगू के लार्वा मिलल बा। एह पs मलेरिया विभाग के टीम छिड़काव करत लोगन से अपील कइले बा कि बरखा के पानी गमलन में जमा ना होखे देवे लो।

बीआरडी मेडिकल कॉलेज के तरफ से मरीजन के सूची उपलब्ध करावल गइल बा। विभाग सूची के जांच कर रहल बा। संगही टीमन के घरन पs भेजके जांच करावल जा रहल बा। लोगन से अपील कइल जा रहल बा कि गमलन, कूलर सहित आउर जगहन साफ पानी ना जमा होखे दिहल जाव। साफ पानी में डेंगू के लार्वा तेजी से पनपेला। – अंगद सिंह, जिला मलेरिया अधिकारी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.