छपरा में 3 साल के बच्ची के साथे दुष्कर्म, आरोपित के तलाश में जुटल पुलिस

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 26, 2024

छपरा में तीन साल के बच्ची के संगे दुष्कर्म के घटना लोग के झकझोर देले बा। आरोप बा कि लइकी के संगे ओकरे स्कूल के एगो कर्मचारी दुष्कर्म कइले बा। घटना के बाद से लइकी

Share

छपरा में तीन साल के बच्ची के संगे दुष्कर्म के घटना लोग के झकझोर देले बा। आरोप बा कि लइकी के संगे ओकरे स्कूल के एगो कर्मचारी दुष्कर्म कइले बा। घटना के बाद से लइकी के परिवार के लोग आ स्थानीयता के लोग लगातार विरोध करत बाड़े। पुलिस आरोपी के पहचान कऽ के गिरफ्तारी खातिर छापामारी करतिया।

भगवान बाजार थाना क्षेत्र के एगो संस्थान में पढ़े वाली तीन साल के बच्ची के संगे बलात्कार के घटना भइल। एह मामला के बारे में बुधवार के रात में लइकी के परिवार के लोग आ स्थानीयता के लोग भगवान बाजार थाना चौक अवुरी नगर थाना के सोझा हंगामा मचवले।

खिसियाइल भीड़ के देखत पुलिस के हल्का बल प्रयोग करे के पड़ल। हालांकि पुलिस आरोपी के गिरफ्तारी खातिर छापामारी करतिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.