सुरक्षाबलन के मिलल बड़ कामयाबी, 3 गो अउरी आतंकी भइले ढेर, 48 घंटा में सेना 6 के मार गिरवलस

By Anurag Ranjan

Published on: May 15, 2025

पहलगाम में भईल आतंकी हमला के बाद सुरक्षा बल जम्मू कश्मीर से आतंकवाद के पूरा तरीका से सफाया करे के फैसला कईले बिया। सुरक्षा बल पूरा राज्य में आतंकियन के खोज में लगातार तलाशी अभियान

Share

पहलगाम में भईल आतंकी हमला के बाद सुरक्षा बल जम्मू कश्मीर से आतंकवाद के पूरा तरीका से सफाया करे के फैसला कईले बिया। सुरक्षा बल पूरा राज्य में आतंकियन के खोज में लगातार तलाशी अभियान चलावत बा आ मुठभेड़ में आतंकियन के हत्या कs रहल बा. अब बियफे के जम्मू कश्मीर के पुलवामा जिला के त्राल में सुरक्षा बल अवुरी आतंकी के बीच भयंकर मुठभेड़ भईल। एह मुठभेड़ में 3 गो आतंकवादी मारल गइल बाड़े.

त्राल क्षेत्र में मुठभेड़ भईल

असल में सुरक्षा बल आ आतंकियन के ई मुठभेड़ जम्मू कश्मीर के त्राल के नादिर गाँव में भइल. ई इलाका दक्खिन कश्मीर के पुलवामा जिला में आवे ला। सबेरे मिलल जानकारी के मुताबिक सुरक्षा बल इलाका में 02 से 03 आतंकी फंसला के आशंका जतवले रहले। अंत में सुरक्षा बल के संयुक्त टीम आतंकवाद विरोधी अभियान में तीनों आतंकी के मार देले बिया।

इहो पढ़ीं: पाकिस्तानी सेना भारत पs कइलस फायरिंग, LoC पs भारतीय सेना  दिहलस मुंहतोड़ जवाब

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.