Spiritual Tourism India : गोवा ना, अब गंगा आरती देखल बा नवहन के पहिला पसंद, काहे बढ़त बा ‘Spiritual Tourism’ के क्रेज?

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 23, 2026

लाइफस्टाइल डेस्क। पिछिला कुछ साल में टूरिज्म में बड़ बदलाव देखे के मिलल बा। पहिले जहां वेकेशन के मतलब गोवा के बीच आ पहाड़न के सैर होत रहे, ओहिजा अब स्पिरिचुअल टूरिज्म एगो बड़ ट्रेंड

Share

लाइफस्टाइल डेस्क। पिछिला कुछ साल में टूरिज्म में बड़ बदलाव देखे के मिलल बा। पहिले जहां वेकेशन के मतलब गोवा के बीच आ पहाड़न के सैर होत रहे, ओहिजा अब स्पिरिचुअल टूरिज्म एगो बड़ ट्रेंड के रूप में ऊभर के सामने आइल बा। अइसे दिलचस्प बात ई बा कि ई ट्रेंड बुजुर्गन में ना, बलुक नवहन में देखे के मिलत बा।

ऋषिकेश के गंगा आरती होखे, केदारनाथ के मुश्किल चढ़ाई आ वाराणसी के घाट, हर जगह नवहन के भारी मवजूदगी ई सोचे पs मजबूर करेला कि आखिर तकनीक आ चकाचौंध के दुनिया में रहे वाला जुवा अध्यात्म के ओर काहें खिंचल जात बा? आई जानल जावs काहे जुवा के स्पिरिचुअल टूरिज्म पसंद आ रहल बा।

का जेन-जी के पसंद आ रहल बा स्पिरिचुअल टूरिज्म?

मानसिक शांति के तलाश- आज के भाग-दउड़ भरल जिनगी, करिअर के प्रेशर आ सोशल मीडिया के कबो ना खतम होखे वाला दउड़ जुवा में तनाव आ बर्नआउट बढ़ा दिहल। अइसन में आध्यात्मिक स्थल ओह लोगन के शांति के अहसास करवावेला। स्मार्टफोन के स्क्रीन से दूर, प्रकृति के गोद में आ मंत्र कs के गूंज के बीच बितावल गइल समय ओह लोगन के खातिर एगो डिजिटल डिटॉक्स के तरे काम करेला, जवना से ओकरा मानसिक सुकून मिलेला।

खुद के खोज- आज के जुवा खाली दुनिया ना देखल चाहेला, बलुक ऊ खुद के समझल चाहत बा। स्पिरिचुअल टूरिज्म ओह लोगन के आत्म-चिंतन के मवका देला। जाेग, ध्यान आ प्राचीन मंदिर के वास्तुकला ओकरा अपना जड़ से जोड़ेला। ई खाली भगवान के दर्शन तक सीमित नइखे, बलुक खुद के तलाशे के एगो जरिया बन रहल बा।

ऑफ-बीट आ एडवेंचर के मेल- आजकल के जुवा खातिर स्पिरिचुअल टूरिज्म खाली मंदिर जाये जइसने ना हs; एमे एडवेंचर क तड़का सामिल बा। केदारनाथ, तुंगनाथ आ अमरनाथ जइसन जगहन के जतरा में मुश्किल ट्रेकिंग आ प्राकृतिक सुंदरता के मेल होला। मुश्किल रास्ता के पार कs के जब ऊ मंजिल पs पहुंचेला लोग, तs ऊ अनोखा अहसास होला। थ्रिल आ फेथ के ई कॉम्बिनेशन जुवा के खूब आकर्षित करत बा।

सोशल मीडिया आ विजुअल अपील- इंस्टाग्राम आ यूट्यूब जइसन प्लेटफॉर्म्स एह ट्रेंड के बढ़ावा देला। जब हमनी के सुंदर पहाड़ के बीच इस्थित प्राचीन मंदिर आ भव्य आरती के वीडियो देखेनी सs, तs ओइसने अनुभव करे के इच्छा जागेला। संगही, धार्मिक स्थल के पॉजिटिविटी जुवा के खूब भावत बा।

Read Also: ‘तुs 2गो मरलs, हमनी के 10 गाे मारेम सs…’, पंजाब में पुलिसकर्मियन के हत्या के बाद लॉरेंस गैंग आतंकियन के देलस खुला चुनौती

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.