24 फरवरी 2022 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 24, 2022

दिनांक- 24/02/2022 गणेशाय नमः  आज के पंचांग  फागुन मास कृष्ण पक्ष तिथि-अष्टमी दिन में 01 बजके 15 मिनट ले। दिन-बियफे अनुराधा नक्षत्र दिन में 11 बजके 58 मिनट ले। हर्षण जोग रात 01 बजके 37

Share

दिनांक- 24/02/2022
गणेशाय नमः 

आज के पंचांग 

फागुन मास कृष्ण पक्ष

तिथि-अष्टमी

दिन में 01 बजके 15 मिनट ले।

दिन-बियफे

अनुराधा नक्षत्र

दिन में 11 बजके 58 मिनट ले।

हर्षण जोग

रात 01 बजके 37 मिनट ले।

कौलव करण।

सर्वार्थसिद्धि जोग

दिन में 11 बजके 58 मिनट ले।

काल्ह के पंचांग 

दिनांक-25/02/2022

फागुन मास कृष्ण पक्ष

तिथि-नवमी

दिन में 10 बजके 54 मिनट ले।

दिन-सुक

ज्येष्ठा नक्षत्र

दिन में 10 बजके 20 मिनट ले।

 व्रज जोग

रात के 10 बजके 27 मिनट ले।

गर करण।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

 निजी सुख में बेवधान रही भा आ सकेला। बोली पs लगाम रखला के जरूरत बा। बेकार के आवा-जाही रही, स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

 शासन सत्ता के सहजोग मिली, उपहार भा सम्मान बढ़ी आ लाभ होई। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी, जीवन साथी के सहजोग मिली, आर्थिक ममिला आगा बढ़ी।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

  स्वास्थ के लेके सचेत रहला के जरूरत बा, जीविका के क्षेत्र में कइल गइल कोसिस सफल होई। कइल मेहनत फायदा दी, आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। माई के स्वास्थ में बाधा आ सकेला, आवा-जाही बनल रही।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

  शिक्षा के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी, आर्थिक पक्ष मजबूत रही। घर के जरूरी सामान बढ़ी, जीवन साथी के सहजोग भेंटी, बेवसायिक कोसिस सफल रही। कवनो काम के पूरा होखला से आत्मसम्मान बढ़ी।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

  चल भा अचल संपति के ममिला सफल होई, पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। सामाजिक काज में रुचि रही।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

 भाई-बहिन के सहजोग मिली। रिस्तन में मजबूती आई। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। रचना के काम में सफलता मिली। चोट के चपेट मे अइला लेखा इस्थिति बन सकेला।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

 रुकल काम पूरा होई। राजनैतिक भा सांस्कृतिक कामन में हिस्सेदारी रही। शिक्षा से जुड़ल प्रतियोगिता के क्षेत्र में चल रहल कोसिस सफल होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

 बहुत दिन से उमेद लगावल काम के पूरा होखला से आत्मसम्मान बढ़ी। धन सम्मान यश किर्ति बढ़ी। इयार लोगन के सहजोग मिली।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

  बेकार के उलझन रही। संबंध आउर गहिराह होई, रचना के काम में सफलता मिली। कइल गइल मेहनत सफल होई। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

 आर्थिक पक्ष मजबूत होई, जीविका के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी, स्वास्थ के लेके धेयान दीं। मेहरारू के स्वास्थ में दिक्कत हो सकेला। आवा-जाही के इस्तिथी बनी।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आर्थिक पक्ष मजबूत होई, बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी, स्वास्थ के लेके सचेत रहला के जरूरत बा। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। साथी लोग के सहजोग मिली।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

  जीवनसाथी के सहजोग मिली। सुख से भरल समाचार मिली, आर्थिक पक्ष मजबूत होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.